टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पुणे में गिलियन-बैरे सिंड्रोम के 22 संदिग्ध मामला आइल सामने, ज्यादातर पेशेंट के 12 से 30 के बीच उमिर

08:30 PM Jan 21, 2025 IST | Minee Upadhyay
गिलियन-बैरे सिंड्रोम
Advertisement

महाराष्ट्र के पुणे में गिलियन-बैरे सिंड्रोम (GBS) के 22 संदिग्ध केस मिलला के बाद नगर निगम के अधिकारी मरीज के विस्तृत जांच कईले बाड़े।  मंगल के दिने एगो अधिकारी ई जानकारी दिहलन.  अधिकारी बतवले कि पुणे नगर निगम के स्वास्थ्य विभाग मरीज के नमूना जांच खातीर आईसीएमआर-एनआईवी भेजले बा। नगर निगम के अधिकारी बतवले कि एs मामला में अधिकांश मामला शहर के सिंहगढ़ रोड इलाका से मिलल बा। डॉक्टर के मुताबिक, गिलियन-बैरे सिंड्रोम एगो दुर्लभ स्थिति हs, जवना के विशेषता अचानक सुन्न होखल अवुरी मांसपेशी में कमजोरी होखेला।  एकरा संगे एs बेमारी में अंग में बहुत कमजोरी जईसन लक्षण भी देखाई देता।

Advertisement

विशेषज्ञ पैनल के गठन

नागरिक स्वास्थ्य विभाग के प्रमुख डा. नीना बोराडे शहर के तीन से चार अस्पताल मे जीबीएस के २२ गो संदिग्ध केस मिलल बा ।  उs कहली कि, पछिला दु दिन में गिलियन-बैरे सिंड्रोम के संदिग्ध मामला के रिपोर्ट आईल बा। बोराडे कहली कि हमनी के विस्तृत जांच शुरू कs देले बानी अवुरी विशेषज्ञ पैनल के गठन कईले बानी। उs कहले कि हमनी के एs संदिग्ध मामला के नमूना भी आगे के जांच खातीर आईसीएमआर-एनआईवी भेज देले बानी।

अधिकांश मरीज के उमर 12 से 30 साल के बीच होखेला

डॉ. बोराडे बतवली कि बैक्टीरिया अवुरी वायरल संक्रमण से आमतौर पs जीबीएस होखेला, काहेंकी एकरा से मरीज के प्रतिरक्षा प्रणाली कमजोर हो जाला। उs कहले कि, बच्चा अवुरी युवा दुनो उम्र के लोग के संगे अयीसन हो सकता।  हालांकि जीबीएस से कवनो महामारी भा वैश्विक महामारी ना पैदा होई। इलाज के बाद अधिकांश लोग एs स्थिति से पूरा तरीका से ठीक हो जाले।”  उ कहली कि, "हमनी के एनआईवी के वैज्ञानिक अवुरी महामारी विज्ञानी समेत विशेषज्ञ के पैनल के गठन कईले बानी।  मरीजन पs बारीकी से नजर राखल जाई.  अबे घबराए के जरूरत नईखे।”

इहो पढ़ीं:अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ गैराज में काम करत लिखले कविता, पहिलका फिल्मी गीत से ही भइले मशहूर ‘गुलज़ार’

Tags :
Maharashtramaharashtra newspunevirus
Advertisement
Next Article