टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Puri Yatra: भगवान जगन्नाथ आज चाची के घरे जइहें, रथ जय-जयकार से गुंडीचा मंदिर पहुंचल

11:00 AM Jul 09, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

मंगला आरती आ पुरी में भोग के बाद दूसरा दिन भगवान जगन्नाथ के रथ यात्रा आगे बढ़ल बा। भगवान जय-जयकार के साथ गुंडीचा मंदिर पहुंचल बाड़े आ आज काकी से मिल जइहें।

Advertisement

ओडिशा के पुरी में सोमार के सबेरे मंगला आरती आ भोग के बाद भगवान जगन्नाथ के रथ यात्रा यात्रा फेर से शुरू हो गइल। हरि बोल आ जय जगन्नाथ के नारा से श्रद्धालु लोग दोगुना उत्साह से रथ के रस्सी खींचले। भक्त लोग सबसे पहिले दुपहरिया में भगवान बलभद्र के रथ तलध्वज के संगे ढोलक के धड़कन आ मंजीरा के ताड़ के संगे तालमेल बईठ के देवी गुंडीचा के मंदिर पहुंचले।

कुछ समय बाद उनकर बहिन देवी सुभद्रा दर्पदलन के रथ भी चाची के मंदिर पहुंचल। आखिरकार भगवान जगन्नाथ जी भी अपना रथ में भक्तन के लेके पहुंचले। अब मंगलवार के सबेरे तक रथ में सवार रहीहे आ पूजा के बाद मंदिर में प्रवेश करीहे। अबकी 53 साल बाद पुरी में रथ यात्रा दु दिन के बा। अतवार के यात्रा के पहिला दिन रहे जवन सूर्यास्त के समय रुकल रहे।

ओडिशा के झारसुगुडा जिला में रथ यात्रा के दौरान रथ के पहिया के नीचे आके श्याम सुंदर किशन (45 साल) नाम के एगो भक्त के मौत हो गइल। ए दुर्घटना रविवार के कुकुजंघा गांव के जगन्नाथ मंदिर के रथ खींचत घरी भईल।

पुरी में 130 लोग घायल

दूसर ओर रविवार के पुरी में रथ यात्रा के दौरान कुछ पुलिसकर्मी समेत करीब 130 लोग घाही हो गइले, जवना में से आधा लोग के इलाज के बाद छुट्टी दे दिहल गइल, जबकि 40 लोग के इलाज चलता।

Tags :
Bhojpuri khabarjaganath PuriJagannath Rath YatraKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpuriOdishaPuri Jagannath Rath Yatra
Advertisement
Next Article