हैदराबाद पुलिस 'पुष्पाराज' के भेजलस समन, भगदड़ मामिला में होई पूछताछ
‘पुष्प 2’ के अभिनेता अल्लू अर्जुन के परेशानी अबहीं ले कम नइखे होखत लउकत. पुष्पा 2 के प्रीमियर के दौरान हैदराबाद के संध्या थिएटर में भइल भगदड़ दुर्घटना के बाद से सुपरस्टार विवाद में उलझल बाड़न. अब संध्या थिएटर भगदड़ के मामिला में एह अभिनेता के हैदराबाद पुलिस मंगल के दिने (24 दिसंबर) पूछताछ खातिर बोलवले बिया. पुष्पा 2 के प्रीमियर के दौरान भइल भगदड़ में एगो औरत के जान चल गइल आ ओकर बेटा गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल. 8 साल के बच्चा के डॉक्टर ब्रेन डेड घोषित कs देले बाड़े। अयीसना में पुलिस एs घटना के सिलसिला में मंगल के सबेरे 11 बजे अभिनेता के पूछताछ खातीरबइठ हाजिर होखे के नोटिस दे देलस।
अल्लू अर्जुन के आवास पs हमला
हैदराबाद में 'पुष्प 2' के प्रदर्शन में भईल भगदड़ में मरल महिला के न्याय के मांग करत तेलुगु अभिनेता के आवास पs पुरुष के एगो समूह हमला कs देलस। एह दौरान सुपरस्टार के घर पs पत्थर भी चलावल गईल अवुरी बहुत तोड़फोड़ भईल। उs लोग अल्लू अर्जुन के खिलाफ नारा लगावत पीड़ित महिला के परिवार के एक करोड़ रुपया के आर्थिक मदद के मांग कईले।
हमला के समय अल्लू अर्जुन घर में ना रहले
उनुका छोड़ल तख्ती पs लिखल रहे कि करोड़ों रुपया फिल्म बना के कमाईल जाला, जबकि फिल्म देखे वाला लोग मरत बाड़े। पुलिस प्रदर्शनकारी के ओहिजा से हटा दिहलस। पुलिस सूत्र संकेत देले कि घटना के समय अल्लू अर्जुन घर में ना रहले। पुलिस के कहनाम बा कि हमला के देखत अभिनेता के आवास पs सुरक्षा के व्यवस्था कईल जाता। अल्लू अर्जुन के पिता आ दिग्गज निर्माता अल्लू अरविंद के कहल बा कि ऊ लोग संयम राखल चाहत बा आ कानून आपन काम करीं.
निर्माता पीड़िता के परिवार के 50 लाख देले
ओने अभिनेता अल्लू अर्जुन अभिनीत ब्लॉकबस्टर फिल्म ‘पुष्पा 2’ के निर्माता सोमार के दिने भगदड़ के घटना में मरे वाली औरत के परिवार के 50 लाख रुपिया के आर्थिक सहायता दे दिहले. निर्माता नवीन येरनेनी पीड़िता के आठ साल के बेटा के इलाज चलत अस्पताल में जाके परिवार के चेक सौंप देले। बता दीं, हाल ही में अल्लू अर्जुन के एह मामिला में गिरफ्तार कs लिहल गइल, जेकरा बाद उनुका जमानत मिलल. हाल ही में अभिनेता के घर पs पत्थरबाजी के घटना भी सोझा आईल। अबहीं ले एह मामिला के निपटारा ले ना भइल आ अब पुलिस सुपरस्टार के समन जारी कs दिहले बा.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: अंगूरी आ कलाइ के दर्द से छुटकारा पावे खातीर जरूर करीं इs 3 गो योगासन