टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

लोकसभा-2024 में सबसे कम उमिर के सांसद बनले पुष्पेंद्र सरोज, एह पार्टी के टिकट से लड़ल रहले चुनाव

02:13 PM Jun 05, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

लोकसभा चुनाव- 2024 में कौशांबी संसदीय सीट से लगातार दू बेर भाजपा के टिकट पs सांसद चुनल गइल विनोद सोनकर के इंडी गठबंधन प्रत्याशी पुष्पेंद्र सरोज एक लाख तीन हजार 944 वोट से हराकर सबसे युवा सांसद बन गइल बाड़े। पांच लाख नौ हजार 787 मत पावे वाला  पुष्पेंद्र देश के इतिहास में अब तक के सबसे युवा सांसद होइहें।

Advertisement

चार जून 2024 के पुष्पेंद्र के उम्र 25 साल 03 महीने 03 दिन हो गइल अबही ले ओडिशा के क्योंझर लोकसभा सीट से चंद्राणी मुर्मू सबसे युवा महिला सांसद रहली। 25 साल 11 महीना के उम्र में चंद्राणी सांसद चुनल गइल रहली।

पुष्पेंद्र के जन्म एक मार्च 1999 के भइल रहे। मौजूदा समय में इनकर उमिर 25 वर्ष बा। इनकर इंटरमीडिएट तक के शिक्षा देहरादून से भइल बा, जबकि स्नातक के पढ़ाई क्वीन मैरी यूनिवर्सिटी लंदन से कइले बाड़े। पिता इंद्रजीत सरोज 1997 से लगातार चार बार मंझनपुर आरक्षित सीट से विधायक रहले।

तीन बार प्रदेश सरकार में कैबिनेट मंत्रीयो बनले। उहे, पांचवां बेर बरिस 2017 के विधानसभा चुनाव में उऽ भाजपा प्रत्याशी लाल बहादुर से चुनाव हार गइल रहले। बरिस 2022 के विधानसभा चुनाव में पुन: जीत दर्ज कइले आ मौजूदा समय में मंझनपुर से विधायक बाड़े। उऽ वर्ष 2017 में सपा के सदस्यता ग्रहण कइले रहले।

Tags :
Election ResultKhabar Bhojpuri NewsLok Sabha Election ResultsLoksabha ElectionsLoksabha Elections 2024
Advertisement
Next Article