टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Russia: पुतिन फेर बनिहें राष्ट्रपति, कमजोर विपक्ष के बीच जनाधार मजबूत होखला के संकेत ; चुनाव में 88 फीसदी वोट

09:04 AM Mar 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रूस में आम चुनाव खत्म हो गइल बा। अब उम्मीद जतावल जा रहल बा कि व्लादिमीर पुतिन राष्ट्रपति बनिहें। रूसी मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, सुरुआती रुझानन से साफ बा कि पुतिन के लगभग 88% वोट मिले के संभावना बा। गौर करे वाला बात बा कि पुतिन पs अकसर आरोप लागत रहेला कि ऊ विपक्ष के दबा रहल बाड़ें। रूसी मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, एग्जिट पोल से पता चलत बा कि पुतिन रूसी राष्ट्रपति के रूप में एगो आउर छव साल के कार्यकाल हासिल कs लेले बाड़ें। बता दीं, रूस में राष्ट्रपति चुनाव खातिर खाली तीन गो आउर सांकेतिक लोगन के मवका मिलल। ओहिजा, जे केहू यूक्रेन युद्ध के विरोध कइल, ओकरा चुनाव में खड़े ना होखे दिहल गइल।

Advertisement

भारत में रूस के राजदूत डेनिस अलीपोव कहलें कि भारत में रूसी राष्ट्रपति चुनाव सफलतापूर्वक संपन्न हो गइल। भारत में 1701 लोग अपना मतदान के उपयोग कइले बा।

कट्टर विपक्षी नवलनी के मौत

पुतिन के कट्टर विरोधी एलेक्सी नवलनी के हाले में 47 बरिस के उमिर में मॉस्को से लगभग 1900 किमी उत्तर-पूर्व में आर्कटिक सर्कल के उत्तर में एगो शहर खारप में आईके -3 अधिकतम सुरक्षा जेल कॉलोनी में मृत्यु हो गइल। उनका उग्रवाद के आरोपन पs 19 साल के सजा मिलल रहे। उनका मृत्यु के तीन दिन बादो उनका परिवार के उनकर शव देखे के इजाजत नइखे दिहल गइल। उनका शव के रासायनिक जांच खातिर भेजल गइल बा आ एह वजह से उनका परिजनन के शव खातिर 14 दिन के इंतजार करे के पड़ेल। नवलनी के मौत के खबर सुनकर हजारन के संख्या में लोग उनका श्रद्धांजलियो देले बा।

ई लोग बा राष्ट्रपति पद के दावेदार 

1. निवर्तमान राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन
2. व्लादिस्लाव दावानकोव
3. लियोनिद स्लटस्की
4. निकोले खारितोनोव

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, राष्ट्रपति पद के दउड़ खातिर सुरुआत में 33 लोग दावेदारी कइले रहे बाकिर मात्र 15 लोग आवश्यक दस्तावेज जमा कs सकल। हालांकि, एक जनवरी के दस्तावेज जमा करे के अंतिम समय सीमा तक 11 उम्मीदवार राष्ट्रपति पद के दउड़ खातिर बचल लो। अंत में चारे उम्मीदवार राष्ट्रपति पद खातिर मैदान में आ पाइल लो।

Tags :
Bhojpuri NewsPresidential ElectionRussia NewsRussian President Vladimir Putinworld politics
Advertisement
Next Article