टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Syed Modi International 2024: पीवी सिंधु दु साल बाद पहिला खिताब जीतली, त्रिशा-गायत्री के ऐतिहासिक जीत

08:19 PM Dec 01, 2024 IST | Anurag Ranjan
पीवी सिंधू
Advertisement

Syed Modi International 2024: दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता भारतीय शटलर पीवी सिंधु अतवार के लखनऊ के बाबू बनारसी दास बैडमिंटन अकादमी में सानदार प्रदर्शन करत दु साल बाद आपन पहिला खिताब जीतले बाड़ी। ऊ सैयद मोदी इंडिया इंटरनेशनल के महिला एकल फाइनल में चीन के यू लाओ वू के हरवलें।
शीर्ष वरीयता प्राप्त पीवी सिंधु महिला एकल फाइनल में विश्व के 119वां नंबर के खिलाड़ी चीन के वू लुओ यू के 21-14, 21-16 से हरवलीं। 29 वर्षीय भारतीय शटलर ई मुकाबला महज 47 मिनट में अपना नामे कइली। पीवी सिंधु पिछलका बेर 2022 में सिंगापुर ओपन के खिताब जीतले रहली।

Advertisement

त्रिशा-गायत्री के जोड़ी महिला युगल खिताब जीतलस

ओहिजा, भारत के त्रिशा जॉली आ गायत्री गोपीचंद के जोड़ी महिला युगल के खिताब अपना नामे कइलस। बीडब्ल्यूएफ विश्व टूर फाइनल्स खातिर क्वालीफाई कs चुकल दूसरका वरीयता प्राप्त भारतीय जोड़ी चीन के ली जिंग बाओ आ ली कियान के 41 मिनट में 21-18, 21-11 से हरवलें।
कॉमनवेल्थ गेम्स के कांस्य पदक विजेता जोड़ी के ई ऐतिहासिक जीत बा, काहेकि त्रिशा आ गायत्री एह टूर्नामेंट में खिताब जीते वाला पहिला भारतीय महिला युगल जोड़ी बन गइल। ई जोड़ी 2022 चरण में उपविजेता रहल रहे।

इहो पढ़ीं: हुसैनगंज प्रखंड क्षेत्र के 5 पैक्सन में भइल चुनाव: सीवान में SDPO कइलें 13 बूथन के निरीक्षण

Syed Modi International 2024: तनीषा आ ध्रुव के जोड़ी उपविजेता

हालांकि, ध्रुव कपिला आ तनीषा क्रैस्टो के जोड़ी मिश्रित युगल फाइनल में हार गइल। ध्रुव आ तनीषा के 5वीं वरीयता प्राप्त भारतीय जोड़ी के थाइलैंड के छठा वरीय डेचापोल पुवारानुक्रोह आ सुपिसारा पेसमप्रान के जोड़ी के हाथन 51 मिनट में 21-18, 14-21, 8-21 से हार के सामना करे के पड़ल। भारत के पुरुष युगल फाइनल में शिकस्त झेले के पड़ल। पृथ्वी कृष्णमूर्ति रॉय आ के. साई प्रतीक के जोड़ी चीन के डि हुआंग आ यांग लियू से 14-21, 21-19, 17-21 से हार गइली।

Tags :
Badminton NewsBhojpuri NewsChampionPV SindhuSyed Modi Badminton Tournament
Advertisement
Next Article