For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Rafael Nadal: राफेल नडाल कइले संन्यास के ऐलान, कब खेलिहन आखिरी मैच?

10:42 PM Oct 10, 2024 IST | Sonu Kishor
rafael nadal  राफेल नडाल कइले संन्यास के ऐलान  कब खेलिहन आखिरी मैच
Rafael Nadal: फोटो (गूगल )
Advertisement

Rafael Nadal announes Retirement: राफेल नडाल अपना संन्यास के एलान कइले बाड़न। डेविस कप के फाइनल के बाद ऊ रिटायरमेंट ले लीहें।

Advertisement

स्पेन के स्टार खिलाड़ी राफेल नडाल टेनिस से संन्यास लेवे के एलान कइले बाड़न । 22 बेर के ग्रांड स्लैम चैंपियन के कहनाम बा कि नवम्बर में होखे वाला डेविस कप फाइनल के बाद ऊ रिटायर हो जइहें। राफेल नडाल कहले बाड़न कि अगिला महीना मलागा में होखे वाला डेविस कप के फाइनल के बाद ऊ टेनिस से संन्यास ले लीहें।

ऊ एगो वीडियो मैसेज में कहले कि, हम रउवा के बतावे आईल बानी कि हम प्रोफेशनल टेनिस से रिटायर होखतानी। पिछला कुछ साल हमरा खातिर मुश्किल रहल बा, खास तौर पs पछिला दु साल।” स्पेन के राफेल नडाल टेनिस के महान खिलाड़ियन में से एगो हउवें । राफेल के 3 साल के उमिर में रैकेट दिहल गइल रहे । जब ऊ 8 साल के रहले तs ऊ अंडर-12 एज ग्रुप के खिताब जीतले रहले।

Tags :
Advertisement