BRD मेडिकल कॉलेज में जूनियर छात्रन से रैगिंग: MBBS छात्रन के हॉस्टल में घुस गइलें सीनियर, 7 छात्र सस्पेंड
गोरखपुर के BRD मेडिकल कॉलेज में रैगिंग के ममिला सामने आइल बा। कुछ सीनियर छात्र (MBBS 2024 बैच) खातिर आवंटित हॉस्टल में जबरन घुसके जूनियर छात्रन के रैगिंग करे लगाल लो।
जवना के बाद कॉलेज प्रशासन एकरा के गंभीरता से लेत 7 छात्रन के तीन महीना खातिर सस्पेंड कs देले बा। बाकिर, CCTV फुटेज में रैगिंग के पुष्टि नइखे भइल, ओकरा बादो एह ममिला पs सख्त डेग उठावल गइल।
का बा ममिला?
दरअसल, ई ममिला 10 आ 11 नवंबर के रात करीब 10 बजे के हs। छठ पूजा के छुट्टी से लवटल MBBS पहिला बरिस के छात्र अपना हॉस्टल, राजेंद्र हॉस्टल, में मवजूद रहे लो। एही दौरान 2023 बैच के 7 सीनियर छात्र अचानक हॉस्टल में घुस आइल लो आ करीब आधा घंटा तक उहां रुकल लो। एह घटना के सूचना एगो अज्ञात व्यक्ति ई-मेल के माध्यम से एंटी रैगिंग सेल के दिहल, जवना के बाद कॉलेज प्रशासन तुरंत हरकत में आइल।
जांच में का पावल गइल?
आनन-फानन में हॉस्टल परिसर के CCTV फुटेज के जांच कइल गइल। फुटेज में सीनियर छात्रन के हॉस्टल में एंट्री साफ देखल गइल, हालांकि रैगिंग के कवनो सबूत नइखे मिलल। एकरा बादो कॉलेज प्रशासन आ एंटी रैगिंग कमेटी एकरा के अनुशासन के उल्लंघन मानत दोषी छात्रन पs कार्रवाई कइलस।
जांच के दौरान सीनियर छात्र लोग सफाई दिहल कि ऊ जूनियर छात्रन के क्रिकेट टीम तइयार करे खातिर हॉस्टल गइल रहे लो। हालांकि, ऊ लोग हॉस्टल में प्रवेश के अनुमति शिक्षक लोगन से ना लेले रहे लो आ ना क्रिकेट आयोजन के कवनो सूचना कॉलेज प्रशासन के देले रहे लो।
ई-मेल के माध्यम से मिलल शिकायत
BRD मेडिकल कॉलेज के प्रिंसिपल डॉ. रामकुमार जायसवाल बतवलें कि हमनी के ई-मेल के माध्यम से शिकायत मिलल रहे। जांच में पावल गइल कि सीनियर छात्र लोग बिना अनुमति के हॉस्टल में प्रवेश कइल, जवन गंभीर अनुशासनहीनता बा। हालांकि रैगिंग के प्रमाण ना मिलल, बाकिर कॉलेज के माहौल बिगाड़े वाला अइसन कृत्यन के बर्दाश्त ना कइल जाई। दोषी छात्रन के तीन महीना खातिर सस्पेंड कइल गइल बा।”
अनुशासन तुड़ला पs होई गंभीर कार्रवाई
सस्पेंड छात्रन के अगिला तीन महीना तक हॉस्टल आ कॉलेज परिसर से दूर रखल जाई। ऊ क्लासो ना ले सकी लो। एह दौरान छात्रन के ओह लोगन के परिजनन के सुपुर्द कइल जाई। प्रिंसिपल इहो कहलें कि भविष्य में अइसन ममिलन में आउर कठोर डेग उठावल जाई। दोषी छात्रन से शपथ पत्र लिहल जाई आ अनुशासन तुड़ला पs गंभीर कार्रवाई कइल जाई।
साभार: दैनिक भास्कर