टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Congress: 14 जनवरी से राहुल गांधी के 'भारत न्याय यात्रा', मणिपुर से आगाज; 14 राज्यन में 6200 KM के सफर होई 

01:03 PM Dec 27, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

भारत जोड़ो यात्रा के बाद अब राहुल गांधी मणिपुर से मुंबई तक भारत न्याय यात्रा के तइयारी में बाड़ें। आवे वाला 14 जनवरी से कांग्रेस पार्टी के भारत न्याय यात्रा सुरू होई। राहुल गांधी मणिपुर से मुंबई तक जइहें। रिपोर्ट्स के मोताबिक कांग्रेस के एह आयोजन में पार्टी आलाकमान के अलावे प्रदेश कांग्रेस के तमाम नेता शिरकत करी लो।

Advertisement

कांग्रेस के व्यापक जनसंपर्क अभियान

पार्टी के कार्यक्रम से जुड़ल रिपोर्ट्स के मोताबिक राहुल गांधी भारत जोड़ो यात्रा के तर्ज पs जनसंपर्क के नया कवायद कs रहल बा। पूर्वोत्तर भारतीय प्रदेश मणिपुर से 14 जनवरी के सुरू होखे वाला यात्रा 20 मार्च के खत्म होई। कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल बतवलें कि यात्रा के दौरान नवहन, महिलन आ हाशिया पs मवजूद लोगन से बातचीत करे के प्रयास कइल जाई।

एह प्रदेशन के कवर करी भारत न्याय यात्रा

ऊ कहलें कि कइयन प्रदेशन से गुजरे के एकरा पहिले भारत जोड़ो पदयात्रा के बाद राहुल गांधी आ कांग्रेस के लगे बड़ अनुभव बा। वेणुगोपाल कहलें कि भारत न्याय यात्रा 6,200 किलोमीटर के दूरी तय करी। मणिपुर से सुरुआत के बाद कांग्रेस नेता नागालैंड, असम, मेघालय, पश्चिम बंगाल, बिहार, झारखंड, ओडिशा, छत्तीसगढ़, उत्तर प्रदेश, राजस्थान, मध्य प्रदेश आ गुजरात के कुछ हिस्सन में जाई लो। सबसे अंत में भारत न्याय यात्रा महाराष्ट्र पहुंची। मुंबई में 20 मार्च के यात्रा के समापन होई।

कांग्रेस वर्किंग कमेटी में भारत न्याय यात्रा पs चरचा 

वेणुगोपाल के मोताबिक, बीतल 21 दिसंबर के कांग्रेस वर्किंग कमेटी के बैठक भइल। एमे सर्वसम्मति से 14 जनवरी से मणिपुर से मुंबई तक 'भारत न्याय यात्रा' आयोजित करे के फैसला लिहल गइल। समिति स्वीकार कइलस कि राहुल गांधी के पूरब से पश्चिम तक जाये वाली एह यात्रा के सुरुआत मणियेपुर से करे के चाहीं। राहुल गांधी समिति में बनल आम सहमति पs राजी हो गइलें।

14 राज्यन आ 85 जिलन से गुजरी यात्रा

65 दिनन तक चले वाली एह यात्रा के दौरान राहुल आ आउर कांग्रेस नेता 14 राज्यन आ 85 जिलन से गुजरी लो। भारत जोड़ो यात्रा के उल्टा, अबकी बेर बस से 6,200 किलोमीटर के सफर तय कइल जाई। कांग्रेस महासचिव वेणुगोपाल के मोताबिक बस यात्रा के दौरान आम लोगन के बड़ संख्या में राहुल से मिले के मवका मिली। ऊ कहलें कि पूरा सफर के दौरान समय-समय पs तनिका-तनिका दूर तक पदयात्रा के योजनो बनावल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

Tags :
6200 KM Distance to be coveredBharat Nyay YatraBhojpuri NewsCongressManipur to MumbaiRahul gandhi
Advertisement
Next Article