टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Indian Railways: रेल मंत्री बोललें- कांग्रेस कs रहल बिया लोको पायलटन के गुमराह, मनोबल गिरावे के कोसिस होई नाकाम

08:26 AM Jul 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव कांग्रेस पs लोको पायलटन के गुमराह करे के आरोप लगवलें। ऊ बुध के सोशल मीडिया पs लिखलें, लोको पायलट रेलवे परिवार के अहम सदस्य बा लो आ विपक्ष उनका के हतोत्साहित करे खातिर बहुत गलत सूचना फइला रहल बा। ऊ कहलें कि फर्जी खबरन से रेलवे परिवार के मनोबल गिरावे के कोसिस नाकाम होई। पूरा रेल परिवार देस के सेवा में एकजुट रहे।

Advertisement

ऊ लिखलें, लोको पायलटन के ड्यूटी घंटन के

सावधानीपूर्वक निगरानी कइल जाला। यात्रा के बाद ओह  लोगन के आराम दिहल जाला। औसत ड्यूटी के घंटा निर्धारित घंटन के भीतरे रखल जाला। एह साल जून में ड्यूटी के घंटा औसत आठ घंटा से कम बा। दरअसल, बीतल हफ्ता, लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी लोको पायलटन के एगो समूह से मुलाकात कइले रहस। एह दौरान लोको पायलट कर्मचारियन के संख्या कम होखे से पूरा आराम ना मिल पावे के बात कहले रहे लो। एह पs राहुल उनका के आश्वासन देलें कि ऊ संसद में उनका के मुद्दा उठइहें।

विपक्षी सांसद जतावल लो चिंता

विपक्षी दलन के 17 से अधिक सांसद रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव के पत्र लिखके ट्रेन चालकन के काम के तनाव के बारे में चिंता जाहिर कइलें। सांसदन के कहनाम बा कि काम के तनाव के चलते रेड-सिग्नल ओवरशूट के संगे दुर्घटना हो रहल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsCongressindian railwaysLoco PilotRahul gandhirailway ministerRailway Minister Ashwini Vaishnav
Advertisement
Next Article