टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रेलवे प्लेटफॉर्म टिकट होई सस्ता, सोलर कुकर महंगा! GST काउंसिल के बइठक में भइल ई छव गो बड़ फैसला

09:23 AM Jun 24, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

GST Council Meeting: केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के अध्यक्षता में शनिचर 22 जून के जीएसटी काउंसिल (GST Council) के बइठक भइल। ई जीएसटी काउंसिल के 53वीं बइठक रहे। निर्मला सीतारमण बइठक के बाद भइल प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहली, "आज 53वीं जीएसटी काउंसिल के बइठक में व्यापार के आसान बनावे आ करदाता के राहत देवे खातिर कई गो फैसला लिहल गइल बा। एह फैसलन से व्यापारियन, MSMEs आ करदाता लो के लाभ होई।" आइ जानल जाव कि GST काउंसिल के बइठक में का अहम फैसला भइल।

Advertisement

रेलवे प्लेटफॉर्म टिकट अब GST के दायरा से बाहर

भारतीय रेलवे के ओर से आम आदमी के देवे वाला सेवा के GST के दायरा से बाहर राखे ले सिफारिश कइल गइल रहे। एमें प्लेटफॉर्म टिकटन के बिक्री, रिटायरिंग रूम आ वेटिंग रूम के सुविधा, बैटरी चालित कार जइसन सेवा शामिल बा। एकरा अलावा इंट्रा-रेलवे सप्लाईयो के GST से छूट दिहल जा रहल बा।

2. सेक्शन 73 के तहत भेजल नोटिस पऽ ब्याज आ जुर्माना होई माफ

केंद्रीय वित्त मंत्री कहली "आज काउंसिल GST एक्ट के सेक्शन 73 के तहत जारी कइल गइल डिमांड नोटिसन पs ब्याज आ जुर्माना माफ करे के सिफारिश कइले बा, जवना में धोखाधड़ी, दमन भा गलत बयानी से जुड़ल मामला शामिल नइखे। वित्त वर्ष 2017-18, 2018-19 आ 2019-20 खातिर सेक्शन 73 के तहत जारी कइल गइल सब नोटिसन खातिर, परिषद उऽ डिमांड नोटिसन पs ब्याज आ जुर्माना माफ की के सिफारिश कइले बा, जवन तामील हो चुकल बा।"

3. सोलर कुकर, दूध के कैन आ कार्टन बॉक्स पऽ लागी 12% टैक्स

जीएसटी काउंसिल दूध के कैन (Milk cans) पs 12 फीसदी के दर से टैक्स लगावे के सिफारिश कइले बिया। एकरा अलावा काउंसिल सब कार्टन बॉक्स पs 12 फीसदी के दर निर्धारित कइले बिया। सब सोलर कुकरो पs 12% जीएसटी दर लागू होई। साथही फायर स्प्रिंकलर सहित सब प्रकार के स्प्रिंकलरो पs 12 फीसदी जीएसटी के दर लागू होई।

4. फेक इनवॉइस रोके खातिर बायोमेट्रिक ऑथेंटिकेशन

केंद्रीय वित्त मंत्री कहली कि फेक इनवॉइस पs रोक लगावे खातिर चरणबद्ध तरीका से पूरा देश में बायोमेट्रिक ऑथेंटिकेशन लागू कइल जाई।

वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण साफ कइली कि केंद्र सरकार के इरादा पेट्रोल, डीजल के जीएसटी के दायरा में लिआवे के बा। एकरा खातिर कवनो संशोधन के जरूरत नइखे। राज्यन के एमें शामिल होके फ्यूल्स पs GST दर तय करे के जरूरत बा। उऽ कहली कि दर के तर्कसंगत बनावे खातिर एगो मंत्रियन के समूह (GoM) के गठन भइल बा, जवन अगस्त में GST परिषद के रिपोर्ट दीही।

6. अगस्त में होई GST काउंसिल के अगिला बइठक

GST काउंसिल के अगिला बइठक अब अगस्त में होई। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण कहली कि बाकी बचल एजेंडा पs चर्चा खातिर काउंसिल के अगिला बइठक में अगस्त के मध्य में आयोजित करे के फैसला लिहल गइल। उऽ कहली कि दर के तर्कसंगत बनावे खातिर एगो मंत्रियन के समूह (GoM) के गठन भइल बा, जवन अगस्त में GST परिषद के रिपोर्ट दिही।

Tags :
Central government of IndiaCentral Government's ProjectFinance Minister Nirmla SitaramanGSTnirmala sitamaran
Advertisement
Next Article