टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Railway Jobs 2024: रेलवे में खिलाड़ियन खातिर निकलल भरती, ग्रुप सी, ग्रुप डी के एतना पदन पs होई चयन

12:00 PM Nov 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

RRC ER 2024 Recruitment: पूर्वी रेलवे के रेलवे भरती सेल (RRC) अपना खेल कोटा भरती अभियान के माध्यम से प्रतिभाशाली एथलीटन खातिर रेलवे में भरती निकलले बा। एह भरती के माध्यम से पूर्वी रेलवे में लेवल 1,2,3,4 आ 5 पदन के भरल जाई। एह भरती मे सामिल होखे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs जाके (rrcrecruit.co.in) आवेदन कs सकत बा लो। आवेदन करे के अंतिम तिथि 14 दिसंबर, 2024 बा।

Advertisement

एह भरती अभियान के लक्ष्य कुल 60 पदन के भरल बा, जेमे ग्रुप ग्रुप सी लेवल-4/लेवल-5 खातिर 5 पद, ग्रुप सी लेवल-2/लेवल-3 खातिर 16 पद आ ग्रुप डी लेवल-1 खातिर 39 पद सामिल बा। एह भरती में तीरंदाजी, एथलेटिक्स, मुक्केबाजी, क्रिकेट, निशानेबाजी, एथलेटिक्स, बास्केटबॉल, फुटबॉल, कबड्डी सहित आउर रिक्ति सा बा।

पात्रता मानदंड

अइसे होई चयन

अभ्यर्थियन के चयन खेल ट्रायल में ओह लोगन के प्रदर्शन, दस्तावेज सत्यापन आ अंतिम मेरिट रैंकिंग के आधार पs कइल जाला, जेमे ट्रायल स्कोर आ शैक्षणिक उपलब्धियन दुनो के ध्यान में रखल जाला।

अंतिम मेरिट सूची

खेल ट्रायल के अंकन आ शैक्षणिक योग्यतन के मिलाके एगो मेरिट सूची तइयार कइल जाई। उच्च रैंकिंग वाला अभ्यर्थियन के चयन में प्राथमिकता दिहल जाई।

आवेदन शुल्क

एह पदन खातिर सामान्य श्रेणी के आवेदकन के 500 (परीक्षण में भाग लेला के बाद 400 वापसी योग्य के रुपिया के आवेदन शुल्क देवे के होई, जबकि एससी/एसटी/महिला/अल्पसंख्यक/ईबीसी उम्मीदवारन के 250 (परीक्षण में भाग लेला के बाद पूरा तरे वापसी योग्य) के शुल्क देवे के होई।

Tags :
Bhojpuri NewsRailway Jobs 2024Railway RecruitmentRRC ER 2024 RecruitmentSports QuotaSports Trial
Advertisement
Next Article