For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Super App: रेलवे ले आ रहल बा सुपर एप, एकही एप से होई टिकट बुकिंग से लेके शॉपिंग तक के काम

04:13 PM Dec 18, 2024 IST | Anurag Ranjan
super app  रेलवे ले आ रहल बा सुपर एप  एकही एप से होई टिकट बुकिंग से लेके शॉपिंग तक के काम
Indian Railways Super App
Advertisement

इंडियन रेलवे जल्दिये आपन नया IRCTC सुपर एप लॉन्च करे जा रहल बा। जइसन कि एकरा नामे से पता चलत बा, ई एप अपना संगे कइयन गो सानदार फीचर्स लेके आई। ई खाली ट्रेन टिकट बुकिंग तक सीमित ना रही, बलुक एमे यात्रा से जुड़ल कइयन गो आउर उपयोगी सेवा सामिल होई।

Advertisement

यात्रा के सब जरूरतन सुपर एप से हो जाई पूरा

ई एप रउआ सभे के यात्रा संबंधी कामन खातिर एगो "वन-स्टॉप शॉप" बने जा रहल बा। एमे रेलवे के अलग-अलग सेवा एकही डिजिटल प्लेटफॉर्म पs जाई। एह एप के विकास में सेंटर फॉर रेलवे इन्फॉर्मेशन सिस्टम्स (CRIS) आ IRCTC मिलके काम कइले बा। एकरा एकही महीना के अंत तक लॉन्च होखे के उम्मेद बा।

का-का होई IRCTC सुपर एप में?

  • आरक्षित आ अनारक्षित टिकट बुकिंग: यात्री एकही एप पs दूनो ओर के टिकट बुक कs सकी।
  • प्लेटफॉर्म पास किनी: अब प्लेटफॉर्म पास आसानी से ऑनलाइन किनल जा सकी।
  • ट्रेन के रियल-टाइम ट्रैकिंग: आपन ट्रेन कहां पहुंचल बा, ई अब लाइव ट्रैकिंग के माध्यम से देखल जा सकी।
  • भोजन आ पेय के ऑर्डर: यात्रा के दौरान सीधे अपना फोन से खाना आ पेय पदार्थ मंगावे के सुविधा।
  • फीडबैक देवे के सुविधा: यात्री एप के माध्यम से आपन राय आ सुझाव दे सकत बा।
  • B2B सेवा: लॉजिस्टिक्स कंपनियन खातिर माल ढुलाई बुकिंग के विकल्प।

Read Also: Sambhal Violence : गिरफ्तारी से बचे खातिर हाईकोर्ट पहुंचलें सांसद जियाउर्रहमान बर्क, मुकदमा रद्द करे के गुहार

Tags :
Advertisement