टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रेलवे 22 जून के चलाई गोरखपुर-कोलकाता समर स्पेशल ट्रेन, छपरा के यात्रियन के मिली फायदा

10:55 AM Jun 22, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रेलवे के ओर से यात्रियन के यात्रा के सहूलियत आ सुविधापूर्ण बनावे खातिर लगातार काम कइल जा रहल बा। एही क्रम में छपरा के रास्ते स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। रेलवे प्रशासन गरमी के दिनन में यात्रियन के हो रहल अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत 05184 गोरखपुर कोलकाता ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी के संचलन 22 जून सनीचर के एकल यात्रा खातिर करी।

Advertisement

एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। छपरा से कोलकाता तक सफर करे वाला यात्री इस एह ट्रेन के माध्यम में आपन यात्रा कs सकत बा लो। ई ट्रेन 11:15 बजे गोरखपुर से चलके दुपहरिया में 2:25 में छपरा पहुंची।

एह रूट से होके चली ट्रेन

ट्रेन संख्या 05184 गोरखपुर-कोलकाता ग्रीष्मकालीन विशेष गाड़ी 22 जून, 2024 के गोरखपुर से 11:15 बजे प्रस्थान कs के देवरिया सदर से 12:15 बजे, सीवान से 13:20 बजे, छपरा से 14:25 बजे, हाजीपुर से 15:35 बजे, मुजफ्फरपुर से 16:25 बजे, समस्तीपुर से 17:25 बजे, बरौनी से 19:00 बजे, झाझा से 21:35 बजे, जसीडीह से 22:09 बजे, चितरंजन से 23:05 बजे, आसनसोल से 23:45 बजे, दूसरे दिन दुर्गापुर से 00:20 बजे आ बर्द्धमान से 01:20 बजे छूटके कोलकता 04:00 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में शयनयान श्रेणी के 16 आ एसएलआरडी के दुगो कोच सहित कुल 18 कोच लगावल जाई।

Tags :
Chhapra NewsGorakhpur-Kolkataindian railwaysSpecial TrainSummer special train
Advertisement
Next Article