For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी सहित 7 राज्यों में बारिश-ओला के अलर्ट, साल के सबसे गरम दिन दिल्ली में दर्ज

11:04 AM Apr 11, 2024 IST | Raj Nandani
यूपी सहित 7 राज्यों में बारिश ओला के अलर्ट  साल के सबसे गरम दिन दिल्ली में दर्ज
Advertisement

मौसम समाचार आज : मौसम विभाग के मुताबिक अगिला 48 घंटा के दौरान देश के बहुत राज्य में बरखा आ ओला के तूफान हो सकता। एकरा संगे-संगे राजस्थान आ गुजरात में बेहद गर्मी बा।

Advertisement

दिल्ली समेत देश के राज्यन में तापमान बढ़ला का चलते गर्मी बढ़ गइल बा । राजस्थान, गुजरात, आंध्र प्रदेश, तमिलनाडु के कई हिस्सा में अधिकतम तापमान 40-43 डिग्री सेल्सियस के बीच बा। उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र, सौराष्ट्र, कच्छ, मराठवाड़ा, पूर्वी राजस्थान में अलग-थलग जगहन पर तापमान सामान्य से 2-4 डिग्री सेल्सियस से अधिका बा।

बाड़मेर सबसे गरम जगह रहे

मौसम विभाग के मुताबिक, पछिला 24 घंटा के दौरान बाड़मेर में अधिकतम तापमान 42.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल, जवन कि उत्तर भारत में सबसे जादा तापमान बा। एकरा बाद गुजरात के राजकोट सबसे गरम जगह रहे जहां 41.7 डिग्री के तापमान दर्ज भइल। अहमदाबाद में अधिकतम तापमान 41.5 डिग्री सेल्सियस, भुज आ गांधीनगर में 41.1 डिग्री सेल्सियस, राजस्थान के जोधपुर में 41 डिग्री सेल्सियस आ जैसलमेर में 40.5 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल बा । इहाँ आज भी बेहद गर्मी के संभावना बा।

उत्तर भारत के कई राज्यन में बरखा का साथे ओला पड़ सकेला

मौसम विभाग के मुताबिक अगिला 48 घंटा में देश के बहुत राज्य में बरखा आ ओला के तूफान हो सकता। 13 अप्रैल के जम्मू-कश्मीर, पंजाब, हरियाणा, चंडीगढ़ आ पश्चिमी राजस्थान के अलग-थलग जगह प ओला के तूफान आवे के संभावना बा। पश्चिमी उत्तर प्रदेश आ पूर्वी राजस्थान में 14 अप्रैल के बरखा आ ओला पड़ सकेला। पूर्वी मध्य प्रदेश आ विदर्भ में 11 आ 12 अप्रैल के बरखा आ ओला के अलर्ट बा ।

पहाड़ी राज्य में बर्फबारी के अलर्ट

मौसम विभाग के कहनाम बा कि 14 अप्रैल के जम्मू-कश्मीर-लद्दाख आ हिमाचल प्रदेश में अलग-अलग जगह प भारी बरखा हो सकता। एकरा अलावे बर्फबारी के संभावना भी बा।

  दिल्ली में साल के अब तक के सबसे गरम दिन

दिल्ली के तापमान लगातार बढ़ रहल बा। बुध का दिने राष्ट्रीय राजधानी में अधिकतम तापमान 39.1 डिग्री सेल्सियस हो गइल जवन एह साल अबले शहर के सबले अधिका तापमान बा। आईएमडी के आंकड़ा बतावता कि 9 मार्च के दूसरा सबसे जादा अधिकतम तापमान 38 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल। आंकड़ा के मुताबिक बुधवार के दिल्ली के अधिकतम तापमान ए सीजन के औसत से चार डिग्री ऊपर रहल, जबकि न्यूनतम तापमान 17 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल।

तापमान 40 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच जाई

क्षेत्रीय मौसम केंद्र के वैज्ञानिक आ प्रमुख कुलदीप श्रीवास्तव बतवले कि ए सप्ताह तापमान करीब 40 डिग्री सेल्सियस तक बढ़े के संभावना बा, बाकी फिलहाल गर्मी के लहर के कवनो संभावना नइखे, काहेंकी 13 आ 14 अप्रैल के दिल्ली में गरज के संगे बरखा हो सकत बा। मौसम विभाग के कार्यालय गुरुवार के दिल्ली में आसमान आंशिक रूप से बादल छाए के अनुमान लगवले बा, जवना के चलते अधिकतम आ न्यूनतम तापमान क्रमशः 39 आ 19 डिग्री सेल्सियस होखे के संभावना बा।

Tags :
Advertisement