टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली-NCR में जारी रही बरखा, जानीं अपने राज्य के मौसम के हाल

09:34 AM Sep 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
मौसम :फोटो
Advertisement

 

Advertisement

यूपी-बिहार अवुरी राजधानी दिल्ली समेत देश भर में बरसात के मौसम जारी बा। एक ओर बरखा के चलते लोग के बहुत समस्या के सामना करे के पड़ता, दूसरा ओर धीरे-धीरे जाड़ा भी खटखटावे लागल बा। पिछला कई दिन से उत्तर भारत के अधिकांश राज्य में बरखा हो रहल बा। एही बीच सबेरे-रात में भी लोग के हल्का ठंडा महसूस हो रहल बा। साथही मौसम विभाग अगिला कई दिन ले अइसने मौसम जारी रहे के संभावना जतवले बा.

दिल्ली-एनसीआर में आफत के बरखा

अगर दिल्ली-एनसीआर इलाका के बात कइल जाव तs पिछला हफ्ता से लगातार बरखा हो रहल बा. बरखा के चलते कई जगहा सड़क डूबे आ घर गिरला के घटना के खबर बा. एकरा संगे लगातार बरखा के चलते तापमान में भी गिरावट दर्ज भईल बा। मौसम विभाग के मुताबिक देश के राजधानी दिल्ली में आज यानी शुक के भी बरखा हो सकता। आईएमडी के मुताविक दिल्ली के तापमान में लगातार गिरावट आ रहल बा। साथही दिल्ली-एनसीआर के लोग के अबहियों बरखा से राहत मिले के कवनो उमेद नइखे लउकत.

यूपी-बिहार में बरखा से नइखे राहत

बिहार के बात कईल जाए तs पछिला कई दिन से इहाँ बरखा होखता। हालांकि मौसम विभाग अबे ले बिहार में बरखा के संभावना जतवले बा। पटना आईएमडी के मुताबिक अबकी बेर मानसून के विदाई देर से होई। साथ ही यूपी के कई जिला में बारिश जारी बा। पिछला कई दिन से यूपी के अधिकांश जिला में भारी बरखा हो रहल बा। साथही मौसम विभाग एह पूरा हफ्ता राज्य में बरखा के संभावना जतवले बा. मौसम विभाग के कहना बा कि पूर्वी आ पश्चिमी यूपी के अधिकतर जिला में बरखा हो सकेला. यूपी में अगिला कई दिन ले बरसात के मौसम जारी रही।

एह राज्य में भी बरखा के संभावना

आज यानी बियफे के बात कइल जाव तs मौसम विभाग देश के कई राज्यन में बरखा के अनुमान लगवले बा. आईएमडी के मुताबिक आज मध्य प्रदेश, उत्तराखंड अवुरी यूपी के बहुत जिला में बरखा हो सकता। मौसम विभाग के मुताबिक आज झारखंड में बरखा के संभावना कम बा, हालांकि 21 सितंबर से झारखंड में एक बेर फेर से बरसात के मौसम शुरू हो सकता। एकरा अलावे हिमाचल प्रदेश, अंडमान आ निकोबार, हरियाणा, तमिलनाडु, उत्तर महाराष्ट्र के कुछ हिस्सा में बरखा के संभावना बा।

 

 

 

Tags :
Delhi-NCRIMDRainWeather Update
Advertisement
Next Article