टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

2 घंटा के अंतराल में दु गो छात्र-छात्रा  के आत्महत्या से दहल गइल कोटा

10:06 AM Jan 23, 2025 IST | Minee Upadhyay
crime
Advertisement

प्रतियोगी परीक्षा खातिर मशहूर राजस्थान के कोटा शहर में एक बेर फेरु दिल दहला देवे वाली घटना सोझा आईल बा।  जानकारी के मुताबिक बुध के कोटा में मात्र 2 घंटा के अंतराल में दु छात्र आत्महत्या कs लेले।  नीट के तइयारी करत एगो लइकी छात्रा आ जेईई के तइयारी करत एगो छात्र मउत के गले लगा लिहले बा. बता दीं कि बहुत दिन से कोटा में छात्र के आत्महत्या के मामला लगातार सामने आवत बा।

Advertisement

गुजरात के छात्रा आत्महत्या
पुलिस के मुताबिक गुजरात के अहमदाबाद निवासी अशफा शेख नाम के 24 साल के छात्रा कोटा में नीट के तैयारी करत रहे।उs सबेरे दस बजे के करीब कोटा के जवाहर नगर में किराया के कमरा में फांसी लगा के आत्महत्या कs लेले।  जानकारी के मुताबिक अशफा एकरा से पहिले भी मेडिकल एंट्री परीक्षा देले रहली। हालांकि उs सफल ना हो पवली।  फिलहाल उs पढ़त रहली।  पुलिस के छात्रा के कमरा से कवनो सुसाइड नोट ना मिलल।

जेईई के उम्मीदवार भी आपन जान दे दिहलस

पुलिस नीट के छात्रा के आत्महत्या के मामला के जांच करत रहे तs 2 घंटा बाद महावीर नगर इलाका से जेईई के तैयारी करत छात्र के आत्महत्या के खबर सोझा आईल।  पुलिस के मुताबिक गुवाहाटी असम के एगो 18 साल के छात्र अपना हॉस्टल के कमरा में लोहा के कोण से फांसी लगा के आत्महत्या कs लेलस।  हैरानी के बात ई बा कि एह विद्यार्थी के अगिला हफ्ता ही जेईई-मेन्स के परीक्षा में हाजिर होखे के पड़ी.  छात्र के महतारी के कोटा आवे के रहे, बाकिर ओकरा कुछ घंटा पहिले छात्र आत्महत्या कs लेलस।  पुलिस के इहाँ भी कवनो सुसाइड नोट नईखे मिलल।

जनवरी में 6 गो आत्महत्या भइल
प्रतियोगी परीक्षा खातिर मशहूर राजस्थान के कोटा शहर में लगातार आत्महत्या के खबर आवत रहल बा। अबे ले जनवरी महीना में कोटा में 6 उम्मीदवार के मामला सामने आईल बा।  एकरा संगे साल 2024 में कोटा शहर में अयीसन 17 आत्महत्या के मामला सामने आईल।

इहो पढ़ीं: DDU: गोरखपुर विश्वविद्यालय के क्रिकेट टीम के चयन 26 जनवरी के

Tags :
breaking newsCrime NewsKotaRajasthanStudent Suicide
Advertisement
Next Article