For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Rajasthan School : राजस्थान में बड़ फैसला, इंदिरा गांधी के जयंती ना मनावल जाई, स्कूल के कैलेंडर से हटा दिहल गइल बा, जानी कारण का बा

02:06 PM Jul 31, 2024 IST | Khabar Editor
rajasthan school   राजस्थान में बड़ फैसला  इंदिरा गांधी के जयंती ना मनावल जाई  स्कूल के कैलेंडर से हटा दिहल गइल बा  जानी कारण का बा
Advertisement

राजस्थान स्कूल : राजस्थान के शिक्षा मंत्री लगातार बड़-बड़ फैसला ले रहल बाड़े, जवना के तहत उहाँ बहुत बदलाव होखता। ई एगो अउरी नया फैसला लिहल गइल बा ।

Advertisement

एगो बड़ फैसला लेके राजस्थान के शिक्षा विभाग राज्य के सब स्कूल में इंदिरा गांधी के जयंती मनावे पs रोक लगा देलख। एकरा खातिर इंदिरा गांधी के जयंती के भी स्कूल कैलेंडर से हटा दिहल गइल बा। एतने ना, इंदिरा गांधी के पुण्यतिथि पs आयोजित सांप्रदायिक एकता सप्ताह के नाम भी बदल दिहल गइल बा। शिक्षा मंत्री मदन दिलावर ए संबंध में जानकारी देले बाड़े।

शिक्षा मंत्री मदन दिलावर कहले कि देश में बहुत महान व्यक्ति रहल बाड़े आ ई फैसला सबके सम्मान देवे खातीर लिहल गइल बा। ऊ कहले कि, इंदिरा गांधी के पुण्यतिथि के अब कौमी एकता ना कहल जाई। उनकर जयंती के स्कूल के कैलेंडर से हटा देवल गइल बा।”

दिलावर आगे कहले कि “हमनी के मातृभाषा हिन्दी हs, एही से एह हफ्ता के नाम बदल के सम्रसता सप्ताह कर दिहल गइल बा ।” ऊ इंदिरा गांधी पs इमरजेंसी लगावे के आरोप भी लगवले। ऊ कहले कि इमरजेंसी के दौरान देश में लोकतंत्र के बहुत चोट पहुंचल रहे।

शिक्षा मंत्री मदन दिलावर दोहरवले कि ए फैसला के मकसद समाज के आ महापुरुष के भी सम्मानित कइल बा।

Tags :
Advertisement