टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Stree 2 के मिलल जबरदस्त सफलता, अब 'मालिक' बनले राजकुमार राव

03:09 PM Aug 31, 2024 IST | Minee Upadhyay
राजकुमार राव अपकमिंग फिल्म के नाम के कइले ऐलान: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

आजुकाल्ह राजकुमार राव आपन हालही में रिलीज भइल फिलिम ‘स्त्री 2’ के सफलता के जश्न मनावत बाड़न. बॉक्स ऑफिस पs स्त्री 2 के जबरदस्त सफलता सभका के हैरान कs दिहले बा. फिल्म के रिलीज भइला के 2 हफ्ता से अधिका हो गइल बा बाकिर अबहीं ले एकर मुकाबला करे खातिर कवनो फिलिम सिनेमाघरन में नइखे आइल. स्त्री 2 के भारी कमाई के बीच आज राजकुमार राव अपना जन्मदिन के मौका पs अपना प्रशंसक के एगो अवुरी उपहार देले बाड़े। स्त्री 2 के सफलता के मजा लेबे वाला राजकुमार राव अब अपना अगिला प्रोजेक्ट खातिर तइयार हो गइल बाड़न जवन एक्शन थ्रिलर होखी. अपना जन्मदिन के मौका पs राजकुमार फिल्म के टाइटिल के भी खुलासा कईले बाड़े।

राजकुमार राव के आए वाला फिल्म के पोस्टर रिलीज

राजकुमार राव बियफे के दिने अपना सोशल मीडिया हैंडल पs फिल्म निर्माता पुलकित के निर्देशित एक्शन थ्रिलर के बारे में एगो पोस्ट शेयर कइलन जवना से ऊ अपना फिलिम के टाइटिल आ ओकर फर्स्ट लुक के अनावरण कइलन. अपना ताज़ा पोस्ट में अभिनेता एs नयकी फिल्म के पोस्टर जारी कईले अवुरी इहो खुलासा कईले कि एकर शूटिंग शुरू हो गईल बा। उs अपना पोस्ट में लिखले बाड़े- " # मालिक के दुनिया में राउर स्वागत बा। शूटिंग शुरू हो गईल बा, जल्दिए मिलब।"

पुलकित के बात करीं तs ऊ भूमि पेडनेकर अभिनीत इन्वेस्टिगेटिव ड्रामा 'भक्षक’ आ ‘डेढ़ बीघा जमीन’ के निर्देशन खातिर जानल जालें, जवना में प्रतीक गांधी भी मुख्य भूमिका में बाड़े। दूसर ओर राजकुमार फिलहाल स्त्री 2 के सफलता के मजा ले रहल बाड़े, जवन कि उनुका 2018 के एही नाम के फिल्म के सीक्वल हs। उनुका अलावे एह हॉरर कॉमेडी में श्रद्धा कपूर, पंकज त्रिपाठी, अपारशक्ति खुराना आ अभिषेक बनर्जी के भी देखावल गइल. बॉक्स ऑफिस पs ई शानदार प्रदर्शन कs रहल बा आ वैश्विक स्तर पs 600 करोड़ रुपिया से अधिका के कमाई कइले बा.

 

 

 

Tags :
bollywoodBollywood newsEntertainmentEntertainment NewsRajkummar Rao
Advertisement
Next Article