For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अयोध्या के साथे अब टीवीओ पs लवटिइहें राम, आ रहल बा फेर से लोगन के भक्तिमय करे रामानंद सागर के 'रामायण'

09:29 AM Jan 31, 2024 IST | Minee Upadhyay
अयोध्या के साथे अब टीवीओ पs लवटिइहें राम  आ रहल बा फेर से लोगन के भक्तिमय करे रामानंद सागर के  रामायण
Advertisement

रामानंद सागर साल 1987 में टीवी शो ‘रामायण’ बना के भारतीय टीवी के चेहरा बदल दिहलन। ईs प्रतिष्ठित शो आजुओ जनता के बीच मशहूर बा। शो के हर किरदार लोग के दिमाग में ताजा बा। शो में राम के किरदार में देखल गइल अरुण गोविल होखसु भा माई सीता के किरदार में देखल गइल दीपिका चिखलिया, आजुओ जनता के बीच उनुकर छवि बरकरार बा। भले ही ‘रामायण’ के टेलीकास्ट कई साल पहिले भइल रहे बाकिर आजुओ एह शो के प्रशंसकन से ओतना प्यार मिलेला जतना शायदे कवनो नया शो के मिलेला। खुद रामानंद सागर आ शो के टीम कबो ना सोचले होई कि सालन बाद भी लोग एकरा के एतना पसंद करी। अइसना में प्रशंसकन के प्यार देख के शो के मेकर एक बेर फेरु से ‘रामायण’ के टीवी पs टेलीकास्ट करे के फैसला कइले बाड़न।

Advertisement

रामायण’ के प्रसारण फेर से एह चैनल पs कइल जाई

हँ, रउरा तs ठीके सुनले बानी। एक बार फेरु ‘रामायण’ दूरदर्शन चैनल पs पेश होखे जा रहल बा। एह जानकारी के आधिकारिक तौर पs देत टीवी चैनल अपना सोशल मीडिया पेज पs एलान कइले बा। दूरदर्शन के पेज से रामायण के क्लिप शेयर करत घरी ट्वीट कइल गइल बा कि - 'धर्म, प्रेम, आ समर्पण के अनोखा गाथा... एक बेर फेरु से पूरा भारत के सबसे लोकप्रिय शो 'रामायण' आवे वाला बा, जल्दिए देखीं # On DDNational .

‘रामायण’ के स्टार कास्ट.

जबसे ई पोस्ट दूरदर्शन के ओर से कइल गइल बा तबसे प्रशंसक बहुत खुश हो रहल बाड़े। आजुओ ‘रामायण’ देखे खातिर प्रशंसक ओतने उत्साहित लउकत बाड़े जतना पहिले रहले। हालांकि फिलहाल एकर टेलीकास्ट के तारीख के घोषणा नईखे भईल। बता दीं कि रामायण मूल रूप से 1987 से 1988 तक कुल 78 एपिसोड के साथ प्रसारित भइल रहे। एह में अरुण गोविल (श्री राम), दारा सिंह (महाबली हनुमान), अरविंद त्रिवेदी (लंकापति रावण), दीपिका चिखलिया (माता सीता), सुनील लाहिरी (लक्ष्मण) के देखल गइल।

Tags :
Advertisement