टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रामोजी फिल्म सिटी के संस्थापक Ramoji Rao के निधन, हैदराबाद के अस्‍पताल में चलत रहे इलाज

08:25 AM Jun 08, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Ramoji Rao Death: ईनाडु आ रामोजी फिल्म सिटी के संस्थापक रामोजी राव के आज सुबह हैदराबाद तेलंगाना में 87 बरिस के उम्र में निधन हो गइल। हैदराबाद के स्टार अस्पताल में इलाज के दौरान रामोजी राव के मृत्‍यु हो गइल। उऽ सुबह 345 बजे अंतिम सांस लेले। पिछला कुछ दिनन से स्‍वास्‍थ्‍य खराब रहला के चलते अस्‍पताल में भर्ती रहले।

Advertisement

रिपोर्ट्स के मुताबि‍क, रामोजी राव के पार्थिव शरीर के रामोजी फिल्म सिटी स्थित उनका आवास पs ले जाए की तैयारी चल रहल बा, जहवां परिवार, मित्र आ करीबी लोग दिवंगत आत्मा के अंतिम श्रद्धांजलि देले।

भाजपा नेता जतवले शोक

तेलंगाना भाजपा प्रमुख आ पार्टी सांसद जी किशन रेड्डी रामोजी राव के निधन पs शोक व्यक्त कइले। उऽ एक्‍स पोस्‍ट में कहले, रामोजी राव गारू के निधन से दुखी बानी। तेलुगु मीडिया आ पत्रकारिता में उनकर उल्लेखनीय योगदान सराहनीय बा। उनका परिवार के सदस्यन के प्रति हमार संवेदना बा।

Tags :
Film newsKhabar Bhojpuri NewsRamoji film city
Advertisement
Next Article