टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

केक में आग लगाके रणबीर कपूर बोलले 'जय माता दी', थाना पहुंचल मामिला

01:57 PM Dec 28, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

बॉलीवुड अभिनेता रणबीर कपूर के लेके बड़ी खबर सामने आ रहल बा। क्रिसमस के मउका पs रणबीर कपूर के एगो वीडियो वायरल हो गईल। हर साल के तरह कपूर परिवार क्रिसमस पार्टी के आयोजन कइले रहुवे जवना में पूरा परिवार एके छत के नीचे मजा लेत देखल गइल। ए दौरान रणबीर कपूर शराब से भरल केक में आग लगावत देखाई देले। उनुका के 'जय माता दी' कहत भी देखल गईल। रणबीर के एह वीडियो के सोशल मीडिया पs खूब आलोचना भइल। अब एह अभिनेता के खिलाफ एगो अधिवक्ता पुलिस शिकायत दर्ज करवले बाड़न।

Advertisement

का बात बा?

एह वायरल वीडियो के आधार पs अधिवक्ता कहले बाड़े कि जवना तरह से रणबीर शराब से भरल केक में आग लगावत बाड़े अवुरी 'जय माता दी' कहतारे, एहसे बहुत लोग के धार्मिक भावना पs चोट पहुंचल बा। अयीसना में अधिवक्ता घाटकोपर थाना मुंबई में शिकायत दर्ज करवले बाड़े। अधिवक्ता अभिनेता के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावे के मांग भी कईले बाड़े। जवन कि धारा 295ए (जानबूझ के कवनो वर्ग के धार्मिक भावना के अपमान), 298 (जानबूझ के धार्मिक भावना के नाराज करे के मकसद से कवनो शब्द के इस्तेमाल), 500 (मानहानि) अवुरी 34 (सामान्य इरादा के आगे बढ़ावे में) बा।एफआईआर 'एक्ट कमिटेड' के तहत दर्ज होखे के चाही कई लोग के ओर से'। हालांकि अबे ले ए बारे में कवनो अपडेट नईखे आईल अवुरी ना पुलिस प्राथमिकी दर्ज कईले बिया।

बता दीं कि कपूर परिवार हर साल क्रिसमस मनावेला।एकरा के धूमधाम से मनावल जाला।अबकी बेर रणबीर के क्रिसमस के अवसर पs रणबीर कपूर आ आलिया भट्ट बेटी राहा कपूर के चेहरा फेस रिवील भइल। मीडिया के आमने आइल। राहा हाल ही में एक साल के हो गईल बाड़ी।

राहा के क्यूटनेस के देख के फैंस चकित रहले। सभे उनकर नील आँख के तारीफ करत रहे। बाकिर रणबीर कपूर रडार पs आ गइलन। अभिनेता के हर एक्शन से प्रशंसक बहुते परेशान बाड़े। बहुत लोग के धार्मिक भावना के चोट पहुंचल बा। हालांकि, अबे ले ना तs रणबीर के ओर से कवनो बयान आईल बा, ना उ माफी मंगले बाड़े।

 

,

Tags :
Ranbir KapoorRanbir Kapoor's पार्टीइंटरटेनमेंट न्यूज़इंटरटेनमेंट न्यूज़ इन भोजपुरी
Advertisement
Next Article