For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

रणदीप सुरजेवाला के हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी कइल पड़ल भारी, EC के कार्रवाई; दू दिन ना कर पइहें चुनाव प्रचार

07:09 PM Apr 16, 2024 IST | Sonu Kishor
रणदीप सुरजेवाला के हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी कइल पड़ल भारी  ec के कार्रवाई  दू दिन ना कर पइहें चुनाव प्रचार
Advertisement

Loksabha elections: कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला  हरियाणा के कैथल में एगो जनसभा के संबोधित करत बीजेपी के नेता आ मथुरा सांसद हेमा मालिनी पऽ अभद्र टिप्पणी कइले रहले। सोशल मीडिया में जब उनकर वीडियो वायरल भइल तऽ सुरजेवाला सफाई देले रहले आ कहले रहले कि हमार इरादा उनकर अपमान कइल ना रहे। चुनाव आयोग 9 अप्रैल के सुरजेवाला के नोटिस जारी कइले रहे।

Advertisement

हेमा मालिनी पऽ टिप्पणी के लेके चुनाव आयोग कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला पऽ 48 घंटा खातिर प्रचार करे पऽ रोक लगा देलस। एही दौरान उऽ कहीं इंटरव्यू, रोड शो, जनसभा आ मीडिया में कवनो बयान नइखन दे सकत। बता दी कि छत्तीसगढ़ में एगो सभा के संबोधित करत कांग्रेस नेता रणदीप सुरजेवाला मथुरा से सांसद हेमा मालिनी पऽ आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहले।

Tags :
Advertisement