For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur: दुष्कर्म आरोपी के बड़ भाई गर दबाके लेलस जान: पोस्टमार्टम रिपोर्ट से सुलझल गुत्थी

11:45 AM Dec 04, 2024 IST | Anurag Ranjan
gorakhpur  दुष्कर्म आरोपी के बड़ भाई गर दबाके लेलस जान  पोस्टमार्टम रिपोर्ट से सुलझल गुत्थी
Advertisement

गोरखपुर। खोराबार इलाका के अगहर में दुष्कर्म के आरोपी अमरचंद निषाद के गला दबाके हत्या कs दिहल गइल। परिवार के लोग पहिले किशोरी के परिजनन पs हत्या के शक जतवले रहे। बाकिर पोस्टमार्टम रिपोर्ट के आधार पs पुलिस के जांच में एह बात के खुलासा हो गइल कि ओकर हत्या ओकरे बड़ भाई दीपचंद कइले बा। गौर करे वाला बात बा कि 15 दिन पहिले अमरचंद के खिलाफ बगल के गांव में रहे वाली किशोरी के स्वजन दुष्कर्म आ पाक्साे एक्ट के मुकदमा दर्ज करवले रहे। तब गांव में ओकर पिटाइयो कइल गइल रहे। जेमे ओकरा के गंभीर रूप से घायल हो गइला पs बीआरडी मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल रहे। 10 दिन पहिलही ऊ इलाज करा के घरे लवटल रहे।

Advertisement

परिजन किशोरी के परिवार पs लगवले रहे आरोप

जानकारी के अनुसार, सोमार के अमरचंद के अपने परिवार में विवाद में हो गइल। एकरा बाद ओकरा के गंभीर हालत में परिजन अस्पताल लेके गइल लो। जहां, डॉक्टर ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। सुरुआत में परिवार के लोग आरोप लगवलस कि किशोरी के परिजन आ गांव वालन के पिटाई से आइल चोटन से ओकर मौत भइल बा। बाकिर, पोस्टमार्टम रिपोर्ट में एह बात के खुलासा भइल कि ओकर मौत पिटाई से ना होके गला दबला से भइल बा। गर पs चोट के निशान रहे, जवन पिटाई से ना, बलुक गला दबवला से बनल रहे। एकरा बाद पुलिस गंभीरता से जांच सुरू कइलस आ अमरचंद के परिवार से सवाल-जवाब कइलस। जांच के दौरान पुलिस के ई पता चलल कि अमरचंद के हत्या के पीछे केहू आउर ना बलुक ओकर आपन बड़ भाई दीपचंद रहे। गांव में एह घटना के लेके लोगन में चर्चा के बाजार गरम होखला के संगे-संगे दहशत के माहौल बा।

गुनाह छिपावे खातिर पुलिस को किया गुमराह

दीपचंद पुलिस के बतवलस कि ऊ आपन करतूत के छुपावे खातिर किशोरी के स्वजन पs हत्या के आरोप लगाके पुलिस के गुमराह करे कसिस करत। ताकि पुलिस आ गांव के लोग ओकरा पs शक ना करे आ ऊ बच जावs। बाकिर, पोस्टमार्टम रिपोर्ट ओकरा झूठ के बेनकाब कs देलस।

युवक के हत्या के ममिला में ओकरा बड़ भाई से पूछताछ चल रहल बा। परिवार के लोग किशोरी के परिजनन पs हत्या के आरोप लगावत रहे, बाकिर जांच में अइसन कवनो साक्ष्य ना मिलल। घटना के संबंध में केवनो तहरीर नइखे दिहल गइल। जल्दिये घटना के पूरा गुत्थी सुलझा लिहल जाई।

योगेंद्र सिंह, सीओ कैंट

इहो पढ़ीं: पंजाब के पूर्व डिप्टी सीएम सुखवीर सिंह बादल पs जानलेवा हमला

Tags :
Advertisement