टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Rashid Khan: संगीत सम्राट उस्ताद राशिद खान के भइल निधन, 55 साल के उमिर में लिहले अंतिम सांस

06:16 PM Jan 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

राशीद खान के निधन : संगीत के दिग्गज सम्राट उस्ताद राशीद खान के मंगल के निधन हो गईल। उs 55 साल के उमिर में आपन आखिरी सांस लेले। उस्ताद राशीद खान प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहले, जवना के चलते उनुकर इलाज कोलकाता के एगो अस्पताल में चलत रहे। उ वेंटिलेटर अवुरी ऑक्सीजन सपोर्ट पs रहले। डाक्टर लोग के तमाम मेहनत के बावजूद उनुका के बचावल ना जा सकल।

उस्ताद राशीद खान के इलाज करावत अस्पताल के एगो अधिकारी कहले कि, हमनी के बहुत कोशिश कईनी, लेकिन नाकाम हो गईनी। दुपहरिया के करीब 3:45 बजे उनुकर मउत हो गईल।

सीएम ममता बनर्जी दुख जतवली

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी उस्ताद राशीद खान के निधन पs शोक जतवलेबाड़ी। उ कहली कि, 'ई पूरा देश अवुरी पूरा संगीत जगत खातीर बहुत बड़ नुकसान बा। हम बहुत दुखी बानी। हमरा आजुओ विश्वास नइखे होत कि राशीद खान अब नइखन।

स्वास्थ्य में धीरे-धीरे सुधार होखत रहे

पिछला महीना उस्ताद राशीद खान के सेरेब्रल अटैक के बाद उनुकर स्वास्थ्य काफी खराब हो गईल रहे। शुरू में उनुकर इलाज टाटा मेमोरियल कैंसर अस्पताल में भईल। फेर बाद में ऊ कोलकाता के एगो अस्पताल में आपन इलाज जारी राखे के फैसला कइलन। करीबी सूत्र के मुताबिक पछिला महीना निजी अस्पताल में भर्ती भईला के बाद उनुकर हालत ठीक होखत रहे।

11 साल के उमिर में पहिला बेर मंच पs प्रस्तुति दिहले

उत्तर प्रदेश के बदायूं में जनमल राशीद खान उस्ताद गुलाम मुस्तफा खान के भतीजा रहले। उ आपन शुरुआती प्रशिक्षण अपना उस्ताद निसार हुसैन खान (1909-1993) से लेले रहले। राशीद खान उस्ताद रामपुर-सहसवान घराना के गायक रहले। 11 साल के उमिर में ऊ आपन पहिला मंच पs प्रस्तुति दिहलन।

उस्ताद राशीद खान एह फिलिमन के गीतन के आवाज दिहले

उस्ताद राशीद खान शाहिद कपूर आ करीना कपूर के फिल्म ‘जब वी मेट’ खातिर ‘आओगे जब तुम’ के बंदिश के अपना आवाज से सजा दिहले रहले जवन काफी लोकप्रिय भइल रहे। एकरा अलावे उ अपना आवाज के जादू 'माई नेम इज खान', 'राज 3', 'मंटो' अवुरी 'शादी में जरुर आना' जईसन फिल्म में बिखेरले रहले।

 

 

 

Tags :
Bollywood newsBollywood news in bhojpuriEntertainment Newsentertainment news in BhojpuriMusicRashid KhanRashid Khan DemiseUstad Rashid Khan Demise
Advertisement
Next Article