टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

डीपफेक वीडियो पs बात कइल रहे जरुरी, रश्मिका मंदाना बतवली स्टैंड लेवे के पीछे का रहे वजह

03:24 PM Feb 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

रश्मिका मंदाना आपन एगो हालिया में इंटरव्यू में ई खुलासा कइली कि डीपफेक के मुद्दा पs ऊ काहे स्टैंड लेली। We Are Yuvaa के संगे बतकही में एक्ट्रेस कहली कि अइसन कइल काहे जरूरी रहे, ताकि दोसरो लोग जागरूक हो सके। रश्मिका कहली कि ऊ ई बात से अच्छा से वाकिफ रही कि जदि ऊ एकरा खिलाफ बोलली, तs कुछ लोग कही कि तू तs इंडस्ट्री के हिस्सा बाडू, कुछ लोग कही कि अइसन चीज तs होते रहेला, एह में रिएक्ट का करे के बा?

Advertisement

मेंटल आ इमोशनल हेल्थ पs असर

रश्मिका मंदाना कहली की ऊ अगर कॉलेज में रहती आ उनका संगे इ तब होइत तs केहू उनका संगे ना आइत, काहे कि हमनी के समाज अइसन नइखे। ऊ डीपफेक मुद्दा पs बोलल एह से सही समझली कि लोग खास कs के कम उमिर के लईकी एह कुल्ही चीज के जाने के डीपफेक नाव के कवनो चीज होला। सोशल मीडिया पs एकर असर एगो इंसान के मानसिक स्वस्थ आ इमोशनल हेल्थ पs केतना पड़ेला।

के वायरल कइलस रश्मिका के डीपफेक वीडियो ?

बीतल साल नवंबर में रश्मिका के डीपफेक वीडियो वायरल भइल रहे। सोशल मीडिया पs एक्ट्रेस के शिकायत के बाद एह साल जनवरी में उनकर मॉर्फ्ड वीडियो बनाए वाला शख्स के गिरफ्तारो कइल गइल रहे।। दोषी कहलस कि ऊ आपन सोशल मीडिया के पेज पs ज्यादा व्यूज पावे के लालच में अइसन कइलस।

Tags :
Bhojpuri NewsRashmika Mandhanaviral video
Advertisement
Next Article