टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रतन टाटा के अंतिम दर्शन कs रहल बाड़े लोग, दुपहरिया बाद होई अंतिम संस्कार

11:26 AM Oct 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
रतन टाटा: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

दिग्गज उद्योगपति रतन टाटा के निधन पs देश भर के हस्ती दुख जतवले बाड़न. देश विदेश में रहे वाला भारतीय भी उनुका निधन पs दुख जतवले बाड़े। एक दिन महाराष्ट्र आ झारखंड समेत कई राज्यन में राज्य शोक मनावल गइल. पीएम मोदी भी उनुका निधन पs दुख जतवले बाड़े। रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर के सबेरे दस बजे से दर्शन खातीर एनसीपीए में राखल गइल बा।

अजीत पवार दिहले श्रद्धांजलि 

महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजीत पवार आ एनसीपी के कार्यरत अध्यक्ष प्रफुल्ल पटेल मुंबई के एनसीपीए के लॉन में रतन टाटा के आखिरी श्रद्धांजलि दिहले.

दुसरका कवनो रतन टाटा ना होहिहें – सुहेल सेठ

रतन टाटा के करीबी सहायक सुहेल सेठ उनुका के श्रद्धांजलि देत कहले कि, "दोसर रतन टाटा कबहूँ ना होई...आज हर भारतीय दुखी बानी जा। हम उनुका के एगो अयीसन आदमी के रूप में याद करब जवन कि बहुत कृपालु अवुरी मर्यादित रहले, अतना हिम्मत, धैर्य आ देश खातिर प्यार से आपन जिनिगी जिए वाला आदमी हमरा नइखे लागत कि ऊ कवनो अउर होई. "

पीएम मोदी नोएल टाटा से बात कईले

रतन टाटा के निधन के बाद पीएम मोदी नोएल टाटा से बात कईले अवुरी दुख जतवले। रतन टाटा के भाई नोएल टाटा आयरलैंड बिजनेसमैन हउवें. हालांकि उनकर जनम भारत में ही भइल रहे।

अंतिम संस्कार इलेक्ट्रिक अग्निदाह में होई

रतन टाटा के अंतिम संस्कार वरली के पारसी दाह संस्कार स्थल में होई।  सबसे पहिले पार्थिव शरीर के प्रेयर हॉल में राखल जाई, जहवां करीब 200 लोग मौजूद हो सकतारे।  करीब 45 मिनट ले प्रार्थना होई। एकरा बाद नश्वर अवशेष के इलेक्ट्रिक शवदाह गृह में रखल जाई आ अंतिम संस्कार प्रक्रिया पूरा हो जाई।

 

 

 

Tags :
deathDeath CaseRatan Tata
Advertisement
Next Article