टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अलविदा भारत के 'रतन': सुबेरे 10 बजे से श्रद्धांजलि दे सकेले लो, अंतिम संस्कार कब-कहां?

08:29 AM Oct 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
रतन टाटा: फोटो
Advertisement

देश के मशहूर उद्योगपति रतन टाटा बुध के रात 11.30 बजे मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में 86 बरीस के उमिर में आखिरी साँस लिहलन. रतन टाटा के इलाज मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में चलत रहे, जहां उनुका सांस लेवे में परेशानी के चलते भर्ती करावल गईल। आज रतन टाटा के पार्थिव शरीर नरीमन प्लाइंट के NCPA लॉन में रखल जाई। रतन टाटा के निधन पs महाराष्ट्र सरकार आजु मुंबई में सगरी सरकारी कार्यक्रम रद्द करे के एलान कइले बिया. महाराष्ट्र सरकार भी उनुकर अंतिम संस्कार राज्य सम्मान के संगे करे के फैसला कईले बिया।

Advertisement

अंतिम संस्कार वर्ली श्मशान घाट पs कइल जाई

रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर काल्हु देर रात ब्रीच कैंडी अस्पताल से उनुका कोलाबा स्थित घर ले जाइल गइल जहाँ से आजु नरीमन प्वाइंट ले आवल जाई जेहसे कि आम जनता दिवंगत आत्मा के नमन कs सके. दुपहरिया साढ़े तीन बजे उनकर नश्वर पार्थिव शरीर के दाह संस्कार खातिर वर्ली शवदाह गृह में ले जाइल जाई। एही बीच झारखंड सरकार रतन टाटा के निधन पs एक दिन के राज्य शोक के घोषणा कईले बिया। रतन टाटा के निधन पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू समेत देश के दिग्गज नेता दुख जतवले बाड़े। रिलायंस इंडस्ट्रीज के अध्यक्ष मुकेश अंबानी अवुरी अडानी ग्रुप के अध्यक्ष गौतम अडानी भी रतन टाटा के निधन पs शोक जतवले बाड़े।

भारत आ विदेश से आ रहल बा शोक संदेश

आज रतन टाटा के नश्वर पार्थिव शरीर अंतिम दर्शन खातिर रखल जाई। देश भर से विदेश से उनुका खातिर शोक संदेश उमड़ रहल बा। सबके मालूम बा कि रतन टाटा जवन कमाईले ओकरा से जादे दान देले। उs खाली टाटा इंडस्ट्री ना बल्कि देश के निर्माण के काम कईले।

 

 

 

Tags :
pm modiRatan TataRatan Tata AwardRatan Tata DeathRatan Tata DiedRatan Tata DiesRatan Tata HonourTata Son'sWorli
Advertisement
Next Article