Ratan Tata: रतन टाटा के तबीयत बिगड़ल, आईसीयू में भर्ती
12:51 PM Oct 07, 2024 IST
|
Sonu Kishor
Advertisement
टाटा ग्रुप के दिग्गज रतन टाटा के स्वास्थ्य अचानक बिगड़ गइल। एकरा बाद उनका के मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में भर्ती करावल गइल। बतावल जाता कि अचानक उनकर ब्लड प्रेशर काफी लो हो गइल रहे। एकरा बाद उनका के अस्पताल पहुंचावल गइल। फेर आईसीयू में राखल गइल बा।
Advertisement
मीडिया रिपोर्ट में हो रहल दावा के मुताबिक 86 साल के उद्योगपति अवुरी टाटा सन्स के अध्यक्ष रहल रतन टाटा के सोमवार के अस्पताल में भर्ती करावे के पड़ल। बीपी में भारी गिरावट के बाद सुबह 12:30 से 1:00 के बीच टाटा के अस्पताल ले आवल गइल।
Next Article