टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

तबियत बिगड़े के खबरन पऽ रतन टाटा के बयान- चिंता के कवनो बात नइखे, हम ठीक बानीं 

02:07 PM Oct 07, 2024 IST | Sonu Kishor
Ratan Tata - फोटो : Social Media
Advertisement

उद्योगपति रतन टाटा अपना इंस्टाग्राम पोस्ट पऽ स्वास्थ्य से जुड़ल जानकारी देत कहले कि उनका स्वास्थ्य के लेके कुछ खबर चलऽता। आ उऽ सभका के भरोसा दिआवल चाहत बाड़न कि उनका बढ़त उमिर के चलते उनुकर स्वास्थ्य जांच चलत बा आ उनका स्वास्थ्य से जुड़ल कुछ समस्या बा। रतन टाटा के उमिर 86 साल बा।

Advertisement

उ अपना पोस्ट में कहले कि चिंता के कवनो बात नइखे। हम ठीक बानी आ निहोरा करत बानी कि मीडिया आ आम लोग कवनो तरह के गलत जानकारी फइलावे से बचे।

Ratan tata instagram Post

बता दीं कि पहिले खबर आइल रहे कि उद्योगपति आ टाटा ग्रुप के मुखिया रतन टाटा के स्वास्थ्य खराब हो गइल बा। उनका के मुंबई के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सुप्रसिद्ध उद्योगपति आ टाटा सन्स के अध्यक्ष रहल रतन नवल टाटा के ब्रीच कैंडी अस्पताल के आईसीयू में राखल गइल। सोमवार (7 अक्टूबर) के सबेरे उनका के इमरजेंसी में अस्पताल पहुंचावल गइल। रतन टाटा के भोर 12.30 से 1 बजे के बीच गंभीर हालत में भर्ती करावल गइल। उनकर ब्लड प्रेशर बहुत कम रहे जेकरा बाद उनका के आईसीयू ले जाइल गइल। नामी हृदय रोग विशेषज्ञ डॉ. शारुख अस्पी गोलवाला के नेतृत्व में विशेषज्ञन के टीम उनका हालत पर नजर राखत बिया।

बाकिर अब रतन टाटा खुदे एह खबरन पऽ इस्तिथी साफ कऽ दिहले बाड़न।

 

Tags :
khabar bhojpuri khabar bhojpuri newsRatan TataRatan tata helth news
Advertisement
Next Article