टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रवीना टंडन आपन बेटी राशा के दिहली इs लव एडवाइज, कहली- 'नाहीं चाहब उ प्यार में...'

09:56 AM Apr 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

रवीना टंडन ओह बॉलीवुड अभिनेत्री में से एगो हई जे ना खाली अपना सुंदरता खातिर जानल जाली बलुक अपना शानदार अभिनय खातिर भी जानल जालीं। अभिनेत्री रवीना टंडन के आजु फिल्म इंडस्ट्री में जवन स्थिति बा ऊ सही मायने में सराहनीय बा. 90 के दशक के टॉप अभिनेत्रियन में से एगो रवीना टंडन आजुओ एह इंडस्ट्री में अपना काम खातिर खबरन में बनल बाड़ी. आजुकाल्हु अपना प्रोफेशनल लाइफ के अलावे अभिनेत्री रवीना अपना बेटी राशा खातिर भी लाइमलाइट में बाड़ी. बॉलीवुड के मस्त मम्मी में से एगो रवीना टंडन अपना बेटी राशा के प्यार अवुरी बियाह के लेके बहुत सलाह देले बाड़ी।

रवीना टंडन के बेटी राशा के लव लाइफ-कैरियर

बॉलीवुड अभिनेत्री रवीना टंडन अवुरी उनुकर बेटी राशा सोशल मीडिया पs बहुत सक्रिय बाड़ी। दुनु जने एक दोसरा के साथे बहुते मजेदार तस्वीर आ वीडियो पोस्ट करत रहेली फिल्मी ज्ञान के एगो पॉडकास्ट के दौरान अभिनेत्री अपना बेटी के रिश्ता अवुरी बियाह के लेके सलाह देली। अभिनेत्री बहुत अनोखा तरीका से सवाल के जवाब देली। कहली आजु बियाह के का मोल बा। रवीना टंडन बेटी राशा के प्रेम जीवन अवुरी कैरियर के बारे में भी बतवली।

राशा के इs लव एडवाइज

अपना जिनिगी के अलावे रवीना टंडन एह पॉडकास्ट में अपना बेटी के जिनिगी के बारे में खुल के बतवली. एह दौरान अभिनेत्री से पूछल गइल कि ऊ अपना बेटी के कवन प्रेम सलाह दिहल चाहत बाड़ी. एकरा पs प्रतिक्रिया देत रवीना कहली कि, अबे उनुका अपना कैरियर अवुरी पढ़ाई पs ध्यान देवे के चाही। हम ना चाहब कि ऊ प्यार आ बियाह में जल्दबाजी करे।सही आदमी के संगे समय बिताईं अवुरी ओकरा बाद तय करीं कि ओकरा से बियाह करे के चाही कि ना। बियाह कईल मजेदार ना होखेला, इs बहुत ह्यूज कमिटमेंट हs।

रवीना टंडन के वर्कफ्रंट

वर्क फ्रंट के बात कईल जाए तs 'पटना शुक्ला' के बाद अभिनेत्री रवीना टंडन के अक्षय कुमार के संगे फिल्म 'वेलकम टू द जंगल' में देखाई देवे वाली बाड़ी। एह फिलिम में दिशा पटानी, परेश रावल, जैकलिन फर्नांडिस, लारा दत्ता आ अरशद वारसी के मुख्य भूमिका बाड़े।

 

 

Tags :
bollywoodEntertainmentLove LifeRaveena TandonRelationshipStar Kid
Advertisement
Next Article