टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पंजाब नेशनल बैंक समेत पांच बैंकन पऽ गिरल RBI के गाज, लागल तगड़ा जुर्माना

12:52 PM Jul 06, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पंजाब नेशनल बैंक ‘अपना ग्राहक के जानीं’ (केवाईसी) आ लोन अउरी एडवांस से जुड़ल कुछ निर्देश के अनदेखा कईलस, जवना के चलते ओकरा पs जुर्माना लगावल गइल बा। रिजर्व बैंक 31 मार्च 2022 तक बैंक के वित्तीय इस्थिति के जांच कइले रहे। एकरा में कुछ गड़बड़ी मिलल रहे आ उऽ पंजाब नेशनल बैंक के नोटिसो जारी कइले रहे।

Advertisement

जुलाई के पहिला हफ्ता में नियम के ठीक से पालन ना करे के आरोप में भारतीय रिजर्व बैंक पंजाब नेशनल बैंक (पीएनबी) समेत पांच बैंक प जुर्माना लगवले बा। पीएनबी पर 1.31 करोड़ रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा।

पंजाब नेशनल बैंक पऽ जुर्माना काहे लगावल गइल?

केंद्रीय बैंक के कहनाम बा कि पीएनबी 'अपना ग्राहक के जान' (केवाईसी) आ 'लोन एंड एडवांस' से जुड़ल कुछ निर्देश के अनदेखा कइलस, जवना के चलते ओकरा पs जुर्माना लगावल गइल बा। रिजर्व बैंक 31 मार्च 2022 तक बैंक के वित्तीय स्थिति के जांच कइले रहे। एकरा में कुछ गड़बड़ रहे आ पीएनबी के नोटिस जारी कऽ देलस।

आरबीआई पीएनबी से पूछले रहे कि निर्देश के पालन ना कइला प ओकरा प जुर्माना काहें ना लगावल जाव। आरबीआई के नोटिस पs पीएनबी जवाब दिहलस। संगही निजी सुनवाई के दौरान उ मौखिक बहस के माध्यम से आपन पक्ष पेश कइले बाकिर, बैंकिंग रेगुलेटर एहऽ लोग से संतुष्ट ना रहलें।

आरबीआई के मोताबिक पंजाब नेशनल बैंक सरकार से मिलल रकम के बदले दुगो सरकारी निगम के सब्सिडी/रिफंड/प्रतिपूर्ति के रूप में लोन देले बा, जवन कि आरबीआई के निर्देश के उल्लंघन बा। एकरा अलावा पीएनबी कुछ खाता ग्राहक के पहचान आ पता से जुड़ल रिकॉर्ड के ठीक से रखरखावो में नाकाम रहल बा।

अइसना में रिजर्व बैंक तय कईलस कि पीएनबी पs मौद्रिक जुर्माना लगावल उचित होई। पीएनबी पs ई जुर्माना 3 जुलाई 2024 के लगावल गइल रहे। आरबीआई के जुर्माना के संबंध अनुपालन चूक से बा। मतलब कि पंजाब नेशनल बैंक के ग्राहक पs एह कार्रवाई के कवनो असर ना पड़ी।

Tags :
Bank NewsKhabar Bhojpuri NewsPNB BankPunjab National Bank
Advertisement
Next Article