For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Realme GT 5 Pro के पहिला सेल, खाली 5 मिनट में बनवलस रिकॉर्ड, जानीं सबकुछ

01:49 PM Dec 14, 2023 IST | Minee Upadhyay
realme gt 5 pro के पहिला सेल  खाली 5 मिनट में बनवलस रिकॉर्ड  जानीं सबकुछ
Advertisement

Realme हाल ही में 7 दिसंबर के चीनी बाजार में Realme GT 5 Pro के 12GB + 256GB स्टोरेज वेरिएंट के लॉन्च कईले बा, जवना के पहिला बिक्री चीन में आज सबेरे 10 बजे से शुरू होई। बिक्री खातिर उपलब्ध होखला के तुरंत बाद रियलमी एह बात के पुष्टि कईलस कि रियलमे जीटी 5 प्रो 2023 में रियलमी के सभ नाया उत्पाद के पहिला बेर बिक्री के रिकॉर्ड के मात्र 5 मिनट में पार क के एगो नाया रिकॉर्ड बनवलस। बता दी कि एकर पहिला बिक्री पहिला तीन महीना के दौरान Realme GT 2 Pro के कुल बिक्री से आगे निकल गईल।

Advertisement

Realme जीटी 5 प्रो के दाम 

रियलमे जीटी 5 प्रो के 12GB + 256GB स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 3,699 Yuan (लगभग 39,921 रुपिया) बा। जबकि 16GB + 256GB स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 3,699 Yuan (लगभग 43,339 रुपिया) बा। 16GB + 512GB स्टोरेज वेरिएंट के कीमत 3,999 Yuan (लगभग 46,922 रुपिया) बा। अवरू 16GB + 1TB वेरिएंट के कीमत 4,299 Yuan (लगभग 50,423 रुपिया) बा। इs फोन करिया, सफेद अवरू नारंगी रंग के विकल्प में खरीदल जा सकता। जल्दिए ए फोन के ग्लोबल मार्केट में पेश कईल जा सकता।

Realme GT 5 Pro में 6.78 इंच के बीओई ओएलईडी डिस्प्ले बा, जवना में 144Hz रिफ्रेश रेट, 2160Hz टच सैंपलिंग रेट अवरू 1600 निट्स तक के ब्राइटनेस बा। ए फोन में Qualcomm Snapdragon 8 Gen 3 SoC दिहल गईल बा। स्टोरेज के बात कईल जाए तs ए फोन में 16GB LPDDR5X रैम अवरू 1TB UFS 4.0 स्टोरेज बा। ए फोन में 5,400mAh के बैटरी बा जवन कि 100W फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट करेला।

रियलमे जीटी 5 प्रो के पीछे वाला हिस्सा में 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा, ओआईएस सपोर्ट वाला 50 मेगापिक्सल के सेकेंड कैमरा अवरू 8 मेगापिक्सल के थर्ड कैमरा बा। एकरा आगे 32 मेगापिक्सल के सेल्फी कैमरा दिहल गईल बा। इs स्मार्टफोन एंड्रॉयड 14 पs आधारित रियलमी यूआई 5.0 कस्टम स्किन पs काम करेला। कंपनी तीन साल तक एंड्रॉयड अपडेट अवरू 4 साल ले सुरक्षा अपडेट के वादा कईले बिया। एकरा अलावे एकरा में इन डिस्प्ले फिंगरप्रिंट सेंसर, वीसी कूलिंग सिस्टम, USB 3.2 पोर्ट अवरू AI सुपर एसिस्टेंट ऑनबोर्ड शामिल बा।

Tags :
Advertisement