For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आईपीएल 2025: मेगा नीलामी में टूटल कइयन गो रिकॉर्ड, 13 साल के खिलाड़ी पs लागल बोली

11:35 AM Nov 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
आईपीएल 2025  मेगा नीलामी में टूटल कइयन गो रिकॉर्ड  13 साल के खिलाड़ी पs लागल बोली
आईपीएल 2025 नीलामी - फोटो : IPL/BCCI
Advertisement

खबर भोजपुरी, स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2025 खातिर सऊदी अरब के जेद्दा में चल रहल मेगा नीलामी सोमार के रात समाप्त हो गइल। ई नीलामी दु दिनन तक चलल जेमे सब 10 फ्रेंचाइजी आपन टीम बनवली सs। भारतीय विकेटकीपकर बल्लेबाज ऋषभ पंत सबसे महंगा बिके वाला खिलाड़ी रहलें, जिनका के लखनऊ सुपर जायंट्स 27 करोड़ रुपिया में किनलस। पंत के अलावे श्रेयस अय्यर के पंजाब किंग्स 26.75 करोड़ आ वेंकटेश अय्यर के कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) 23.75 करोड़ रुपिया में किनलस। अर्शदीप सिंह आ युजवेंद्र चहल 18-18 करोड़ रुपिया में पंजाब किंग्स के टीम में गइलें।

Advertisement

आईपीएल 2025 के नीलामी में मवजूद बीसीसीआई सचिव जय शाह - फोटो : IPL/BCCI
आईपीएल 2025 के नीलामी में मवजूद बीसीसीआई सचिव जय शाह - फोटो : IPL/BCCI

दु दिनन तक चलल मेगा नीलामी

दु दिनन तक चलल एह मेगा नीलामी में कुल 577 खिलाड़ी सामिल रहे लो। एमे से 182 खिलाड़ी बिकल लो, जबकि 395 खिलाड़ियन खातिर केहूओ बोली ना लगावल। 182 में से 62 बिदेसी खिलाड़ी रहल। ओहिजा, 10 टीम मिलाके कुल आठ राइट टू मैच कार्ड इस्तेमाल कइल गइल। सब 10 फ्रेंचाइजी मिलाके एह नीलामी में 639.15 करोड़ रुपिया खर्च कइल। पहिला दिन जहां बल्लेबाजन आ ऑलराउंडर्स के दबदबा दिखल, ओहिजा दूसरका दिन भारतीय तेज गेंदबाजन के बोलबाला रहल। दूसरका दिन भुवनेश्वर कुमार, दीपक चाहर, आकाश दीप आ मुकेश कुमार खातिर बड़ बोली लागल। आरसीबी भुवनेश्वर के 10.75 करोड़ रुपिया, मुंबई इंडियंस दीपक चाहर के 9.25 करोड़ रुपिया आ मुकेश कुमार के दिल्ली कैपिटल्स आठ करोड़ में किनलस।

आईपीएल 2025 - वैभव सूर्यवंशी - फोटो : Twitter
आईपीएल 2025- वैभव सूर्यवंशी - फोटो : Twitter

वैभव चउकवलें, 25+ करोड़ के आंकड़ा भइल पार

एह बार नीलामी में 13 साल के वैभव सूर्यवंशी उतरल रहस, जवना के आधार मूल्य 30 लाख रुपिया रहे। वैभव के राजस्थान रॉयल्स नीलामी में 1.10 करोड़ रुपिया में किनलस आ ऊ आईपीएल नीलामी में बिके वाला सबसे जुवा खिलाड़ी बन गइलें। एह नीलामी में पहिला बेर 25+ करोड़ के आंकड़ा पार भइल। पिछलका साल मिनी नीलामी में कमिंस आ स्टार्क, दुगो खिलाड़ी पहिला बेर 20 करोड़ के आंकड़ा पार कइले रहे लो, ओहिजा एह साल पंत आ श्रेयस 25 करोड़ के आंकड़ा पार कइल लो।

Ghazipur News: जयमाल स्टेज पs चढ़ला के लेके चलल लाठी-डंडा, दुल्हिन के बियाह से इन्कार

आईपीएल 2025 के लिए नीलामी - फोटो : IPL/BCCI
आईपीएल 2025 खातिर नीलामी - फोटो : IPL/BCCI

एह खिलाड़ियन के ना मिलल कवनो खरीदार 

दूसरको दिन कइयन गो खिलाड़ियन के कवनो खरीदार ना मिलल। जेमे पूर्व ऑस्ट्रेलियाई सलामी बल्लेबाज डेविड वॉर्नर, भारतीय ऑलराउंडर शार्दुल ठाकुर, जेम्स एंडरसन, पृथ्वी शॉ आ केन विलियम्सन सामिल बा लो। सुरुआत में देवदत्त पडिक्कल आ अजिंक्य रहाणे जइसन भारतीय खिलाड़ियन के केहू ना किनले रहे, बाकिर बाद में आरसीबी पडिक्कल आ केकेआर रहाणे के अपना टीम में सामिल कइल लो। ओहिजा, दिग्गज बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर के बेटा अर्जुन तेंदुलकर के मुंबई इंडियंस उनकर आधार मूल्य 30 लाख रुपिया में आखिर में किनलस।

26/11 Attack: 10 आतंकी, ताबड़तोड़ फायरिंग, 60 घंटा आ 166 के मउत, पढ़ी उs दहसत भरल दिन के पूरा कहानी

आईपीएल 2025 नीलामी - फोटो : IPL/BCCI
आईपीएल 2025 नीलामी - फोटो : IPL/BCCI

आईपीएल 2025: छव खिलाड़ी 20 करोड़ से जादे सैलरी पाई लो

अगिला सीजन में छव खिलाड़ी अइसन होई लो, जेकर सैलरी 20 करोड़ के पार होई। एमे पंत, श्रेयस के अलावे वेंकटेश अय्यर, हेनरिक क्लासेन, विराट कोहली आ निकोलस पूरन सामिल बा लो। ओहिजा, 44 खिलाड़ियन के सैलरी 10 करोड़ से 20 करोड़ के बीच होई।

Advertisement