For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार हेल्थ डिपार्टमेंट में 4500 पदन पs निकलल वैकेंसी रद्द : विरोध के बाद जारी कइल गइल नोटिफिकेशन, जनरल खातिर ना रहे एको गो सीट

08:39 AM Mar 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार हेल्थ डिपार्टमेंट में 4500 पदन पs निकलल वैकेंसी रद्द   विरोध के बाद जारी कइल गइल नोटिफिकेशन  जनरल खातिर ना रहे एको गो सीट
Advertisement

बिहार के स्वास्थ्य विभाग में कम्युनिटी हेल्थ अफसरन (Community Health Officer) के 4500 पदन पs निकलल भर्ती के रद्द कs दिहल गइल बा। एह संबंध में मंगर के बिहार राज्य स्वास्थ्य समिति के ओर से नोटिफिकेशन जारी कs दिहल गइल बा।

Advertisement

बता दीं कि कुछ दिन पहिलही भर्ती निकलल रहे। एमे सामान्य श्रेणी खातिर एको गो पद ना रहे। जवना के छात्र लगातार विरोध करत रहे लो। पिछला तीन दिनन से अभ्यर्थी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs #सवर्ण_विरोधी_BJP लिखके एकरा के ट्रेंड करवावत रहे लो।

4500 पदन पs निकलल रहे भर्ती

4500 पदन खातिर महिला आ पुरुष अभ्यर्थी एक अप्रिल से आवेदन कs सकत रहे लो। अंतिम तिथि 30 अप्रिल निर्धारित कइल गइल रहे। स्वास्थ्य मंत्री सम्राट चौधरी एह भर्ती के लेके सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट लिखले रहस। एनडीए सरकार में रोजगार आ नौकरी के गारंटी। 3566 पुरुष आ 934 महिला पदन खातिर बहाली निकलल बा।

का बोलले रहस सम्राट चौधरी

विरोध के बीच डिप्टी सीएम सह स्वास्थ्य मंत्री सम्राट चौधरी कहले रहस कि पूरा ममिला उनका पता नइखे। स्वास्थ्य विभाग से एह संबंध में बात करेम। केहू के निराश ना कइल जाई। जेकर जवन हक बा, ऊ ओकरा के दिहल जाई।

कवना वर्ग खातिर केतना पदन पs निकलल रहे वैकेंसी

सामान्य वर्ग खातिर एको गो पद ना रहे। ओहिजा, ईबीसी खातिर 1345, ईबीसी महिला खातिर 331, बीसी खातिर 702, बीसी महिला खातिर 259, एससी खातिर 1279, एससी महिला खतीर 230, एसटी खातिर 95, एसटी महिला खातिर 36, ईडब्ल्यूएस खातिर 145, ईडब्ल्यूएस महिला खातिर 78 सीट रहे।

Tags :
Advertisement