टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

रील के सनक! साइन बोर्ड पऽ लटक के हवा में युवक लगवलस पुल-अप

12:17 PM Sep 30, 2024 IST | Sonu Kishor
बोर्ड पऽ लटक के हवा में युवक लगावत पुल-अप
Advertisement

यूपी के अमेठी में एगो युवक हाईवे प साइन बोर्ड से लटकत पुल-अप करत देखाई देता। ई वीडियो अब सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। पुलिस वायरल वीडियो के संज्ञान लेले बिया। पुलिस युवक के तलाशी कर रहल बिया।

Advertisement

नवहन के रील के अतना लत लागे लागल बा कि बिना जिनिगी के परवाह कइले रील बनावत बाड़े। अमेठी में नवहन के माथा से रील बनावे के भूत नइखे जात। आपन जान जोखिम में डाल के युवा रील बना के सोशल मीडिया पs वायरल कर रहल बाड़े। अमेठी में सोशल मीडिया पs एगो युवक के रील वायरल होखता, जवना में उ हाईवे पs लगावल साइन बोर्ड पs पुल - अप करत देखाई देता।

असल में अमेठी में सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल होखता, जवना में एगो युवक किलोमीटर के साइन बोर्ड प पुल-अप करत देखाई देता। जवना बोर्ड पs युवक पुलअप करता उऽ सड़क से करीब 10 मीटर ऊपर बा। जदि गलती से युवक के हाथ छूट गइल तऽ इ एगो बड़ घटना साबित हो सकऽता। वीडियो में एगो अउरी युवक बोर्ड पs बइठल देखाई देता। बतावल जाता कि वीडियो अमेठी कस्बा के बाईपास के हऽ। ई वीडियो सचिन नांव के एगो इंस्टाग्राम यूजर पोस्ट कइले बा। एह पेज प कुछ फोटो डालल गइल बा, जवना प एगो युवक एगो बोर्ड पs खड़ा होके आपन सिक्स पैक आ बॉडी देखावता।

जदि गलती से युवक के हाथ छूट गइल तऽ इ एगो बड़ घटना साबित हो सकऽता। वीडियो में एगो अउरी युवक बोर्ड पs बइठल देखाई देता। बतावल जाता कि वीडियो अमेठी कस्बा के बाईपास के हऽ। ई वीडियो सचिन नांव के एगो इंस्टाग्राम यूजर पोस्ट कइले बा। एह पेज प कुछ फोटो डालल गइल बा, जवना पs एगो युवक एगो बोर्ड प खड़ा होके आपन सिक्स पैक अवुरी बॉडी देखावत बा।

अइसन खतरनाक स्टंट रोके खातिर प्रशासन समय-समय पर लोग से निहोरा करत बा कि उऽ लोग आपन जान जोखिम में मत डालस आ कवनो तरह के खतरनाक स्टंट मत करस। वायरल वीडियो पs अमेठी थाना प्रभारी बृजेश सिंह बतवले कि वीडियो में देखाई देवे वाला दुनो युवक के तलाश कइल जाता। जल्दिए दुनो युवक के गिरफ्तार कऽ उचित कार्रवाई कइल जाई।

Tags :
Amethi newsinstagram reelkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsuttar pradesh newsviral video up amethi
Advertisement
Next Article