For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अंग्रेजी डिपार्टमेंट के मासिक पत्रिका 'साहित्य विमर्श' के विमोचन: रिसर्च आ कल्चरल एक्टिविटी के सामिल कइल जाई, VC बोलली- अंग्रेजी डिपार्टमेंट आउर डिपार्टमेंटन खातिर रोल मॉडल

11:41 AM Nov 26, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
अंग्रेजी डिपार्टमेंट के मासिक पत्रिका  साहित्य विमर्श  के विमोचन  रिसर्च आ कल्चरल एक्टिविटी के सामिल कइल जाई  vc बोलली  अंग्रेजी डिपार्टमेंट आउर डिपार्टमेंटन खातिर रोल मॉडल
Advertisement

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी के अंग्रेजी डिपार्टमेंट के पहिला मासिक पत्रिका आ न्यूज बुलेटिन 'साहित्य विमर्श' के विमोचन सनीचर के VC प्रो. पूनम टंडन के हाथन भइल। विमोचन कार्यक्रम के संबोधित करत VC कहली कि डिपार्टमेंट के ओर से मासिक पत्रिका के प्रकाशन के सुरुआत अनूठा पहल बा। अंग्रेजी डिपार्टमेंट ई काम कs के आउर डिपार्टमेंट्स खातिर रोल मॉडल बन गइल बा।

Advertisement

VC कहली कि डिपार्टमेंट के स्टूडेंट्स के ओर से पत्रिका के संपादन कइल गइल विशिष्ट बा। एकरा खातिर HOD प्रो. अजय शुक्ल के मार्गदर्शन महत्वपूर्ण बा आ ऊ बधाई के पात्र बाड़ें।

बतौर स्पेशल गेस्ट आर्ट्स फैकल्टी के डीन प्रो. कीर्ति पांडेय अंग्रेजी डिपार्टमेंट के आउर रचनात्मक कार्यन के प्रशंसा कइली। ई डिपार्टमेंट अपना अकादमिक आ शिक्षेणत्तर गतिविधियन के वजह से हमेशा चरचा में रहेला।

पत्रिका में सामिल होई रिसर्च आ कल्चरल एक्टिविटी

HOD प्रो. अजय शुक्ल बतवलें कि पत्रिका में डिपार्टमेंट में होखे वाला रिसर्च, डिबेट आ कल्चरल एक्टिविटी के सामिल कइल गइल बा। पत्रिका में स्थान पाके ई गतिविधि नया स्टूडेंट्स के मार्गदर्शन करे वाली साबित होई। एह दौरान डॉ. बिभाष मिश्रा, डॉ. मनीष पांडेय, डॉ. लक्ष्मी मिश्रा, डॉ. कुलदीपक शुक्ल, डॉ. मनोज द्विवेदी आदि मवजूद रहे लो।

Tags :
Advertisement