टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली-एनसीआर में गरमी से राहत, यूपी में अलर्ट; जानीं देश भर में कइसन रही मौसम के हाल

10:38 AM Jul 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

देश भर के अधिकतर इलाका में मानसून आ गइल बा. मानसून के चलते अधिकतर इलाका में बरखा हो रहल बा। उत्तर भारत के बात कइल जाव तs लगभग हर जगहा बरखा के चलते मौसम सुखद बनल रहेला. दिल्ली-एनसीआर में पिछला कई दिन से बरखा हो रहल बा। दिन भर बादल छाए वाला आसमान के चलते गर्मी भी कम हो गईल बा। एकरा संगे यूपी अवुरी बिहार समेत अवुरी राज्य में भी निमन बरखा देखाई देता। आवे वाला दिन के बात कईल जाए तs अबो बरखा के संभावना बा।

दिल्ली-एनसीआर में बारिश के संभावना

अगिला चार दिन ले दिल्ली-एनसीआर में बरखा के संभावना बा। मौसम विभाग के मुताबिक दिल्ली-एनसीआर में बरखा जारी रही, जवना से गर्मी से भी राहत मिली। अगिला चार दिन ले दिल्ली में हल्का से मध्यम बरखा के अनुमान लगावल गइल बा. बारिश के चलते दिल्ली-एनसीआर के तापमान में भी गिरावट आईल बा। कम गर्मी के चलते अबकी बेर लोग के वीकेंड बढ़िया होखे वाला बा। मौसम विभाग के मुताबिक अगिला 5 दिन ले उत्तर-पश्चिम अवुरी मध्य भारत के इलाका में गरज के संगे बरखा के अनुमान लगावल गईल बा।

यूपी के कई जिला में अलर्ट

उत्तर प्रदेश के बात कईल जाए तs इहाँ भी अधिकांश जिला में बरखा के लेके अलर्ट जारी कईल गईल बा। मौसम विभाग के मुताबिक यूपी में 8-9 जुलाई ले बरखा के संभावना बा। मौसम विभाग के कहनाम बा कि आवे वाला कई दिन ले यूपी के अधिकांश जिला में बरखा होई। मौसम विभाग कई जिला में शनिचर खातिर यलो अलर्ट जारी कइले बा. एहमें आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर, संत कबीर नगर, बस्ती, कुशीनगर, महाराजगंज, सिद्धार्थ नगर, गोंडा, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुर खीरी, सीतापुर, हरदोई, फर्रुखाबाद, उन्नाव, लखनऊ, बाराबंकी, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, अयोध्या, अंबेडकर, नगर, बागपत, मेरठ, गाजियाबाद, हापुड़, गौतमबुद्ध नगर, बुलंदशहर, अलीगढ़, मथुरा, हाथरस, कासगंज, एटा, बिजनौर, अमरोहा, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली, पीलीभीत, शाहजहांपुर, संभल, बदायूं आ एकरे आसपास के जिला सभ के सामिल कइल जाला।

एह राज्यन में भी बरखा होई

एकरा अलावे जदी हमनी के अवुरी राज्य के बात कईल जाए तs राजस्थान में भी पछिला कई दिन से भारी बरखा होखता, जवन कि भविष्य में भी जारी रही। राजस्थान में अगिला चार दिन खातिर बरखा के अलर्ट जारी कइल गइल बा. बिहार, पश्चिम बंगाल अवुरी सिक्किम में बरखा के संभावना बा। एकरा अलावे ओडिशा, छत्तीसगढ़, केरल, लक्षद्वीप में भी दु दिन ले बरखा हो सकता। कर्नाटक, गोवा, गुजरात में भी गरज आ बिजली के साथे बरखा के संभावना बा।

 

 

 

 

 

Tags :
Delhi-NCRIMDRainRain ForecastUttar PradeshWeather Update
Advertisement
Next Article