For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार में 4 दिन तक लू से मिली राहत: 10 आ 13 अप्रिल के बरखा के आसार

09:35 AM Apr 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार में 4 दिन तक लू से मिली राहत  10 आ 13 अप्रिल के बरखा के आसार
Advertisement

बिहार के सब जिलन में मौसम आज सामान्य बनल रही। दिन में घाम निकली। ओहिजा, प्रदेश में पिछला एक हफ्ता से चल रहल गरम हवा से सोमार के तनिका राहत मिलल बा। अगिला चार दिन आउर राहत मिलला के संभावना बा। सोमार के मधुबनी जिला सबसे गरम रहल। जहां के अधिकतम तापमान 39.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

Advertisement

मौसम विभाग साफ कइलस कि अगिला 48 घंटा तक राज्य में हवा के गति 30 किलोमीटर प्रति घंटा तक रह सकत बा। फिलहाल लू चले के आशंका नइखे। ओहिजा, राज्य में दिन के तापमान में अगिला चार दिन तक गिरावट अइला के पूर्वानुमान जारी कइल गइल बा।

एकरो के पढ़ी : छपरा रूट से चले वाली ट्रेनन के अतिरिक्त ठहराव : मैहर स्टेशन पs पांच मिनट रुकी ट्रेन, आज से 29 अप्रैल तक यात्रियन के मिली सुविधा

10 आ 13 अप्रैल के बरखा के संभावना

मौसम विभाग के मोताबिक 10 अप्रिल आ ओकरा बाद 13 अप्रिल के पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय होखला के संभावना बा। एकरा प्रभाव से ओह दिनन में उत्तरी बिहार में कुछ जगहन पs बरखा हो सकत बा।

कहां केतना दर्ज कइल गइल अधिकतम तापमान

पिछला 24 घंटा के दौरान सबसे जादे मधुबनी जिला के अधिकतम तापमान 39.6 डिग्री सेल्सियस रहल। एकरा अलावे भोजपुर के 39.3 डिग्री, मोतिहारी 39.5 डिग्री, पटना 38.1 डिग्री, औरंगाबाद 38.9 डिग्री, गया 37.9 डिग्री, नवादा 37.8 डिग्री, बेगूसराय 38 डिग्री, वाल्मीकीनगर 38.1 डिग्री। एकरा अलावे आउर जिलन के अधिकतम तापमान 40 डिग्री सेल्सियस के नीचे दर्ज कइल गइल बा।

Tags :
Advertisement