टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP: छह लाख बिजली चोरन पs योगी सरकार लेलस बड़ फैसला, जुर्माना पs मिली एतना फीसदी की छूट

10:24 AM Nov 09, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

राज्य सरकार बिजली चोरी करत पकड़ल गइल लोगन के सहूलियत देले बा। उनका बिल पs ब्याज आ जुर्माना में 65 फीसदी के छूट दिहल जा रहल बा। अइसन उपभोक्ता महज 35 फीसदी जुर्माना भर के कानूनी कार्रवाई से मुक्त हो सकत बा।

Advertisement

हालांकि एह छूट के फायदा तब मिली, जब ऊ 30 नवंबर तक अपना क्षेत्रीय उपकेंद्र पs पंजीकरण कराके 35 फीसदी रकम के भुगतान कs देव। प्रदेश भर में करीब छह लाख उपभोक्ता बिजली चोरी करत पकड़ल गइल बा।

ऊर्जा मंत्री एके शर्मा ने बुध के लखनऊ के कैंट उपकेंद्र पs पावर कॉर्पोरेशन के एकमुश्त समाधान योजना (ओटीएस) के शुभारंभ कइलें। ऊ कैंट उपकेंद्र पs ब्याज माफी खातिर पहिला पंजीकरण करावे वाली छावनी क्षेत्र निवासी मीरा के छूट के लाभ देके बिजली बिल सउपले। ऊ इंजीनियरन आ कर्मचारियन से कहलें कि जवना लोगन के घर आ दुकान में बिजली चोरी पकड़ल गइल आ जुर्माना बाकी बा, ओकरा के योजना से अवगत करावत छूट के फायदा पहुंचावे के बा।

कार्यक्रम में मध्यांचल विद्युत वितरण निगम के प्रबंध निदेशक भवानी सिंह, खंगारौत, निदेशक वाणिज्य योगेश कुमार, मुख्य अभियंता सिस गोमती रजत जुनेजा, अधीक्षण अभियंता आरपी केन, अधिशासी अभियंता डीकेडी द्विवेदी, एसडीओ सौरभ चौधरी आ जेई अशोक कुमार के संगे छावनी बोर्ड के पूर्व उपाध्यक्ष प्रमोद शर्मा, भाजपा छावनी मंडल अध्यक्ष डॉ. रंजीता शर्मा, पूर्व पार्षद संजय दयाल आदि मौजूद रहल लो।

वापस हो जाई तहसील के रिकवरी नोटिस

ऊर्जा मंत्री कहलें कि जवना लोगन पs बिजली चोरी के जुर्माना बहुत समय से बकाया बा, ओह लोगन से वसूली के जिम्मेदारी तहसील के सउपल गइल बा। जवना बकायेदारन के लगे तहसील से रिकवरी नोटिस आइल होखे ऊ परेशान मत होखे।

बिजली चोरी के जुर्माना में छूट पावे खातिर जइसही ऊ पंजीकरण कराई तहसील के रिकवरी आ पुलिस विभाग से जदि कवनो नोटिस जारी भइल होई तs उ वापस हो जाई। बिजली चोरी के ममिला में आवेदक के पंजीकरण के बेरा जुर्माना के 10 फीसदी आ बाद में 25 फीसदी रकम जमा करावे के होई।

45 हजार रुपिया में बिजली चोरी से राम विशाल मुक्त

उतरेठिया उपकेंद्र इलाका में पिछला महीना बिजली चोरी में पकड़ल गइल राम विशाल के जुर्माना लगभग 1.30 लाख रुपिया तय भइल। पावर कॉर्पोरेशन के ओटीएस योजना के पहिला दिन राम विशाल एह जुर्माना से 45 हजार रुपिया में बिजली चोरी के ममिला से मुक्त हो गइल। हालांकि ऊ बियफे के जुर्माना के रकम जमा करेम।

Tags :
Bhojpuri NewsMinister AK SharmaRelief to six lakh electricity customersup news
Advertisement
Next Article