टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पद्मश्री पुरस्कार से सम्मानित सुप्रसिद्ध पर्यावरणविद्  तुलसी गौड़ा  के निधन , संपूर्ण समाज खातीर बड़क्षति

03:23 PM Dec 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
वृक्ष माता के निधन
Advertisement

पेड़-पौधा के प्रति अद्भुत प्रेम अवुरी समर्पण खातीर ““वृक्ष माता” के नाव से जानल जाए वाली तुलसी गौड़ा 86 साल के उमर में एs दुनिया के छोड़ देली अवुरी उनुका ओर से लगावल लाखों पेड़-पौधा आपन महतारी के गंवा देले। तुलसी अम्मा ना खाली हजारों पौधा रोपली बलुक एगो माई निहन देखभाल भी कईली उs साधक निहन आपन जीवन जीयत रहली अवुरी आवे वाली पीढ़ी खातीर धरती के हरियर बनावे में जिनगी भर लागल रहली। 2021 में जब तुलसी गौड़ा पद्मश्री जइसन प्रतिष्ठित पुरस्कार पावे खातिर राष्ट्रपति के समक्ष पहुॅचली तs उनुकर सादगी सभका के अपना ओर आकर्षित कइलस. उs नंगे पांव, अपना पारंपरिक आदिवासी परिधान में पद्म पुरस्कार लेवे आईल रहली।
कर्नाटक के होनाली गाँव के निवासी तुलसी अम्मा कबो स्कूल ना गइली बाकिर अपना अनुभव से पेड़-पौधा के एतना जानकारी रहे कि बचपन में उनुका के “एनसाइक्लोपीडिया ऑफ़ फोरेस्ट” के नाम से जानल जाला , कम उमिर में बियाह, आ फेर अपना पति के गँवा के अपना जिनिगी के दुख आ अकेलापन के दूर करे खातिर तुलसी अम्मा करीब 60 साल पहिले पेड़-पौधा के देखभाल करे लगली।
कर्नाटक के हलक्की जनजाति के रहे वाली तुलसी गौड़ा आपन पूरा जीवन पेड़-पौधा के समर्पित कs देली। उs कहत रहली कि केतना पेड़ लगावेनी, एकरा से फर्क पड़ेला, बाकिर ओ छोट-छोट नाजुक पौधा के देखभाल कईल जादे जरूरी बा। तुलसी अम्मा के श्रद्धांजलि देत मुख्यमंत्री डॉ. मोहन यादव अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs लिखले कि पद्मश्री से सम्मानित, सुप्रतिष्ठित पर्यावरणविद् श्रीमती तुलसी गौड़ा के निधन से भारत के पर्यावरण संरक्षण अभियान में बहुत बड़ शून्यता पैदा हो गईल बा। "
बचपन से लेके आज तक अपना अथक प्रयास आ प्रकृति के प्रति प्रेम के भाव से अनगिनत पेड़ लगा के पर्यावरण के संरक्षण में महत्वपूर्ण योगदान देले रहली। धरती माई के रक्षा खातिर जंगल के हरियर बनावे खातिर निस्वार्थ भाव से समर्पित उनकर जीवन पर्यावरण के रक्षा खातिर सभ देशवासियन के प्रेरित करत रहली .

Advertisement

Tags :
Padmashree AwardPadmashree Award winnerTulsi AmmaTulsi Gowda passes awayतुलसी अम्मातुलसी गौड़ा  के निधनपद्मश्री पुरस्कारपद्मश्री पुरस्कार से सम्मानितवृक्ष माता
Advertisement
Next Article