For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

AIIMS दिल्ली में 200 से अधिका पद पs बहाली, ई उम्मीदवार आवेदन कs सकतारे

02:16 PM Jun 12, 2024 IST | Raj Nandani
aiims दिल्ली में 200 से अधिका पद पs बहाली  ई उम्मीदवार आवेदन कs सकतारे
Advertisement

जदी रउरा सरकारी काम करे के बा तs ई मौका खास तौर पर रउरा खातिर बा । एम्स दिल्ली में दू सौ से अधिका पद खातिर रिक्ति बा, इच्छुक उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पर जा के आवेदन कर सकेलें । अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान, एम्स कई गो पद खातिर आवेदन आमंत्रित कइले बा। एह पदन खातिर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पर जा के आवेदन कर सकेलें । ई बहाली जूनियर रेजिडेंट पद खातिर कइल गइल बा । पात्र उम्मीदवार एम्स के आधिकारिक वेबसाइट aiimsexams.ac.in के माध्यम से ऑनलाइन आवेदन कs सकतारे। एह बहाली अभियान के तहत संस्थान में 220 गो पद भरल जाई । आवेदन करे के आखिरी तारीख 15 जून 2024 तक बा। एह बहाली के पात्रता, चयन प्रक्रिया आ अउरी विवरण खातिर नीचे पढ़ीं ।

Advertisement

एलेजिबिल्टी 

उम्मीदवार के एमसीआई/डीसीआई के मान्यता प्राप्त एमबीबीएस/बीडीएस (इंटर्नशिप पूरा कईल समेत) चाहे समकक्ष डिग्री पास होखे के चाही। खाली ओह उम्मीदवारन पर विचार कइल जाई जे जूनियर रेजिडेंसी शुरू होखे के तारीख से तीन (3) साल पहिले यानी 01.07.2024 से एमबीबीएस/बीडीएस (इंटर्नशिप समेत) पास कइले होखे।

एम्स दिल्ली जूनियर रेजिडेंट रिक्रूटमेंट 2024 : एह तरह से आवेदन करीं

  •  ऑनलाइन आवेदन करे खातिर उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के पालन क सकतारे।
  •  सबसे पहिले एम्स के आधिकारिक वेबसाइट aiimsexams.ac.in पर जाईं ।
  • एकरा बाद होम पेज पs उपलब्ध भर्ती लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब एगो नया पेज खुली, जहवाँ उम्मीदवारन के जूनियर रेजिडेंट पोस्ट पर क्लिक करे के पड़ी ।
  •  फेर से एगो नया पेज खुल जाई ।
  •  अब आपन रजिस्ट्रेशन करा के खाता में लॉग इन करीं ।
  •  एक बेर कइला के बाद आवेदन पत्र भर लीं ।
  •  ओकरा बाद आवेदन शुल्क के भुगतान करीं।
  •  एकरा बाद सबमिट पर क्लिक करीं आ पेज डाउनलोड करीं।
Tags :
Advertisement