टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Rice Export: भारत मलयेशिया के 2 लाख टन गैर-बासमती सफेद चावल के निर्यात के अनुमति देलस, इ बा कारण

04:37 PM Aug 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

विदेश व्यापार महानिदेशालय एगो अधिसूचना जारी कऽ के एनसीईएल के माध्यम से मलेशिया में 2,00,000 मेट्रिक टन गैर बासमती सफेद चावल के निर्यात के अनुमति देले बा।

Advertisement

सरकार नेशनल कोआपरेटिव एक्सपोर्ट्स लिमिटेड (एनसीईएल) के माध्यम से दू लाख टन गैर बासमती सफेद चावल के मलेशिया में निर्यात करे के अनुमति देले बिया। हालांकि घरेलू आपूर्ति बढ़ावे खातिर 20 जुलाई 2023 से गैर-बासमती सफेद चावल के निर्यात पर रोक लगा दिहल गइल बा, बाकिर कुछ देशन में ओह लोग के खाद्य सुरक्षा के जरूरत के पूरा करे खातिर सरकारी अनुमति के आधार पर निर्यात के अनुमति बा।

विदेश व्यापार महानिदेशालय (डीजीएफटी) के ओर से जारी अधिसूचना में कहल गईल कि, एनसीईएल के माध्यम से मलेशिया में 2,00,000 मेट्रिक टन गैर बासमती सफेद चावल के निर्यात के अनुमति बा।

भारत एकरा से पहिले नेपाल, कैमरून, कोट डी आइवर, गिनी, मलेशिया, फिलीपींस अवुरी सेशेल्स जइसन देश में ए निर्यात के अनुमति देले बा।  एनसीईएल एगो बहुराज्य सहकारी संस्था हऽ। एकरा के देश के कुछ प्रमुख सहकारी संस्था संयुक्त रूप से बढ़ावा देवेले। एह सहकारी समितियन में गुजरात सहकारी दूध विपणन महासंघ (जीसीएमएमएफ) जवना के लोकप्रिय रूप से अमूल के नाम से जानल जाला, भारतीय किसान खाद सहकारी लिमिटेड (आईएफएफसीओ), कृषक भारती सहकारी लिमिटेड (केआरआईबीएचसीओ) आ भारतीय राष्ट्रीय कृषि सहकारी विपणन महासंघ लिमिटेड (नाफेड) आदि शामिल बा।

Tags :
Business Latest NewsBusiness NewsBusiness News bhojpuriIndian Governmentrice exports
Advertisement
Next Article