For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IND vs NZ: सातवां बेर टेस्ट में 'नर्वस 90' के भइलें पंत, धोनी आ गांगुली के संगे एह अनचाहा क्लब में सामिल

05:41 PM Oct 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ind vs nz  सातवां बेर टेस्ट में  नर्वस 90  के भइलें पंत  धोनी आ गांगुली के संगे एह अनचाहा क्लब में सामिल
Advertisement

भारतीय स्टार विकेटकीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत न्यूजीलैंड के खिलाफ पहिला टेस्ट के दूसरका पारी में 99 रन बनाके आउट भइलें आ शतक लगावे से चूक गइलें। पंत एह तरे टेस्ट में सातवां बेर नर्वस 90 के शिकार भइल बाड़ें। चउथा दिन बल्लेबाजी करे उतरल पंत चउथा विकेट खातिर सरफराज खान के संगे मिलके सानदार साझेदारी कइलें आ भारत के मुश्किल से उबरलें। पंत आ सरफराज के साझेदारी के दम पर भारत दूसरका पारी में बढ़त लेवे में सफल रहल।

Advertisement

भारत बनाम न्यूजीलैंड - फोटो : BCCI
भारत बनाम न्यूजीलैंड - फोटो : BCCI

सरफराज आ पंत सनीचर के न्यूजीलैंड के गेंदबाजन के जमके परेशसान कइल लो। पंत एह दौरान आक्रामक अंदाज में बल्लेबाजी कइलें आ अपना 12वां अर्धशतक पूरा कइलें। एतने ना, पंत सबसे तेजी से टेस्ट में 2500 रन पूरा करे वाला भारतीय विकेटकीपर बल्लेबाज बन गइलें। पंत शतक के ओर बढ़त रहलें, बाकिर 99 रन के स्कोर पs विलियम ओरुर्के के गेना पs बोल्ड हो गइलें आ शतक लगावे से चूक गइलें।

ऋषभ पंत - फोटो : BCCI
ऋषभ पंत - फोटो : BCCI

पंत टेस्ट में सातवां बेर नर्वस 90 के शिकार भइल बाड़ें आ सबसे जादे बेर अइसन करने वाला भारत के तीसरका बल्लेबाज हवे। टेस्ट में भारत खातिर सबसे जादे बेर शतक से चूकला के अनचाहा रिकॉर्ड सचिन तेंदुलकर के नावे बा जे अपना करियर में कुल 10 बेर नर्वस 90 के शिकार भइल बाड़ें। ओहिजा, टीम के पूर्व मुख्य कोच राहुल द्रविड़ नव बेर शतक बनावे से चूकल बाड़ें।

ऋषभ पंत - फोटो : BCCI
ऋषभ पंत - फोटो : BCCI

टेस्ट में भारत खातिर सबसे जादे बेर नर्वस 90 के शिकार होखे वाला बल्लेबाज

  • सचिन तेंदुलकर - 10
  • राहुल द्रविड़ - 09
  • ऋषभ पंत - 07
  • सुनील गावस्कर - 05
  • महेंद्र सिंह धोनी - 05
  • वीरेंद्र सहवाग - 05
ऋषभ पंत - फोटो : twitter
ऋषभ पंत - फोटो : twitter

99 रन पs आउट होखे वाला 10वां भारतीय

पंत टेस्ट में 99 रन पs आउट होखे वाला 10वां भारतीय बल्लेबाज हवे आ ऊ पूर्व दिग्गज बल्लेबाज सौरव गांगुली आ महेंद्र सिंह धोनी जइसन खिलाड़ियन के अनचाही सूची में सामिल हो गइल बाड़ें। भारत के ओर से गांगुली आ धोनी टेस्ट में 99 रन पs आउट हो चुकल बाड़ें। गांगुली दु बेर टेस्ट में 99 रन पs आउट भइल बाड़ें। सबसे पहिले 1997 में नागपुर में श्रीलंका के खिलाफ खेलल गइल मैच में 99 रन पs आउट भइल रहस, जबकि 2002 में इंग्लैंड के खिलाफ ट्रेंट ब्रिज में खेलल गइल मैच में गांगुली शतक से एक रन से चूक गइल रहस।

Tags :
Advertisement