टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Rishabh Pant IND vs SL 1st T20I में लगवलें रिकॉर्ड्स के अंबार, कार्तिक के छव साल पुराना रिकॉर्ड कइलें ध्वस्त

12:01 PM Jul 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सूर्यकुमार यादव के कप्तानी में भारतीय टीम (Ind vs Sl) श्रीलंका दौरा के आगाज जीत के संगे कइलस। टीम इंडिया तीन मैचन के टी-20 सीरीज के पहिला मैच में मेजबान के 43 रन से मात देलस। पल्लेकेले में टॉस हरला के बाद पहिले बैटिंग करत हुए भारतीय टीम निर्धारित 20 ओवर में सात विकेट खोके 213 रन बनावल गइल ।

Advertisement

एकरा जवाब में श्रीलंकाई टीम 19.2 ओवर में 170 रन पs ढेर हो गइल। भारत के तरफ से सूर्यकुमार यादव 58 रन के पारी खेललें।

उनका अलावे टीम इंडिया के विकेटकीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत (Rishabh Pant) 49 रन के पारी खेलले। ऊ अर्धशतक जड़ला से महज एक रन से चूकलें। एह दौरान पंत मैच में कइयन गो रिकॉर्ड्स अपना नावे कइलें।

Rishabh Pant Dinesh Karthik के छव साल पुराना रिकॉर्ड कइलें ध्वस्त

दरअसल, टीम इंडिया के स्टार विकेटकीपर बल्लेबाज ऋषभ पंत (Rishabh Pant) श्रीलंका के खिलाफ पहिला टी20आई मैच में 49 रन के पारी खेलले आ ऊ बतौर विकेटकीपर भारत खातिर श्रीलंका में सबसे जादे रन बनावे वाला बैटर बनलें। पंत ने एह दौरान दिनेश कार्तिक के छह साल पुराना रिकॉर्ड ध्वस्त कइलें, जवन ऊ साल 2018 में बनवले रहस। श्रीलंका में टी-20आई में भारतीय विकेटकीपर के रूप में एमएस धोनी 2012 में नाबाद 23 रन के पारी खेलले रहस।

T20I मैच में 49 रन पs आउट होखे वाला चउथा भारतीय बैटर बनलें पंत

टी20आई में पहिला बेर पंत 49 रन के पारी खेलके आउट भइलें। एह तरे ऊ 49 रन पs आउट होखे वाला दिग्गजन के लिस्ट में सामिल भइलें। पंत से पहिले भारत के ओर से टी20आई में 49 रन पs विराट कोहली, एमएस धोनी, रुतुराज गायकवाड़ आउट हो चुकल बा लो। एकरा अलावे पंत टी-20 इंटरनेशनल में आपन पांच हजार रन पूरा कइलें। ऊ अइसन करे वाला दुनिया के 100वां बल्लेबाज बनलें।

Tags :
5000 T20I RunsBhojpuri Newscricket newsRecords CreatedRishabh Pantsurya kumar yadav
Advertisement
Next Article