For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लोगन में बढ़ल कैंसर-थायराइड के रिस्क, ई आयुर्वेदिक उपाय गंभीर से गंभीर रोग पs लगाई ब्रेक 

02:22 PM Oct 10, 2024 IST | Minee Upadhyay
लोगन में बढ़ल कैंसर थायराइड के रिस्क  ई आयुर्वेदिक उपाय गंभीर से गंभीर रोग पs लगाई ब्रेक 
कैंसर-थायराइड खातीर आयुर्वेदिक उपाय: फोटो
Advertisement

Advertisement

आपन उलझन के बढ़ावे के जरूरत का बा, छोड़े के बा तs बहाना के जरूरत का बा। तरक्की के साथे सुविधा में जइसे-जइसे इजाफा भ‌इल, उलझन ओही रफ्तार से बढ़ल बा। सेहत के लिहाज से का सही ह, का गलत ह, ई जानके कई बेर सहूलियत के चक्कर में लोग सही फैसला नाहीं ले पावेना आ जान के साथे खिलवाड़ करत रहेला। इहे लापरवाही जान के दुश्मन बन जाला । अब 'ब्लैक प्लास्टिक' के खतरा के ही लेली। ई ब्लैक प्लास्टिक चाहे रसोई के बर्तन में हो आ रेस्टोरेंट से आ रहल काला डिब्बा में, अब एमें गर्म खाना रखल जाला, तs प्लास्टिक में मौजूद केमिकल खाना के साथे घुल के शरीर में पहुंच जाले ।एs वजह से ल‌इकन के ग्रोथ रुक जाला। बॉडी में हार्मोन कंट्रोल करे वाला एंडोक्राइन-थायराइड आ इम्यून सिस्टम पs बुरा असर पडे़ला। एतने ही ना, एसे कैंसर से मउत के खतरा 300% बढ़ जाला।

एकर वजह हs ब्लैक प्लास्टिक में मौजूद 'डेका BDE' नाम के एगो केमिकल जवन फायर एस्टिंग्यूशर में इस्तेमाल होला । ई केमिकल आग रोके के काम आवेला। बाकिर फेर लोग समझे के तैयार नाहीं होला आ एके छोड़े के नाम नाहीं लेला । प्लास्टिक के साथे एल्युमिनियम, ब्रोमीन, फ्लोरीन, सल्फर, नाइट्रोजन ज‌इसन घातक एलिमेंट्स के शरीर में एंट्री के मौका देला। जब दादी-नानी के जमाना वाला रसोई में लोहा के कढ़ाई, पीतल क भगोना, तांबा के जग-ग्लास, स्टील के बर्तन, मसाला पीसे के खातिर सिलबट्टा, कुछू कूटे के खातिर लकड़ी-लोहा के खरल-मूसल होत रहल। ई सजौ आजे के मॉड्यूलर किचन में रखल एडवांस बर्तन के तरह कम्फर्टेबल तs ना बा बाकिर गुणन के खान जरूर बा। एs बर्तन में सेहत के खजाना छुपल बा जबकि मॉर्डन किचन खतरा के घर बनल जात बा। शरीर के बेमारी के घर बनावे वाला एs चीजन के घर से बाहर निकले के जरूरत बा। साथे में बॉडी के डिटॉक्स क‌ई इम्यून सिस्टम के योग के जरिए दुरुस्त बनाईं। तs चली दादी-नानी के जमाना वाला चीज के जिंदगी में शामिल करिजा आ योग के जरिए इम्यूनिटी के सुपर स्ट्रॉन्ग बनाई जा।

*जानलेवा ब्लैक प्लास्टिक

ह्यूमन सेल्स डैमेज

हार्ट के ब्लड वेसेल्स जाम

किडनी के नेफ्रॉन के नुकसान

हार्मोनल प्रॉब्लम

थायराइड

कैंसर से मौत के रिस्क 300% ढेर

*कैंसर से बचाव के खातिर का ना खाई?

प्रोसेस्ड फूड

तली-भुनी चीज

रेड मीट

कार्बोनेटेड ड्रिंक्स

*कैंसर में कारगर

व्हीटग्रास

गिलोय

एलोवेरा

नीम

तुलसी

हल्दी

*किचन से बहरे निकाली ई चीज

लो क्वालिटी नॉनस्टिक बर्तन

एल्युमिनियम बर्तन

प्लास्टिक कंटेनर्स

एल्युमिनियम फॉयल

*रसोई में करीं इs बदलाव

स्टील के बर्तन

लोहा के बर्तन

कॉपर के बोतल

माइक्रोवेव में कांच के बर्तन

सरसों के तेल

देसी घी इस्तेमाल करीं

*काहें खतरनाक हs प्लास्टिक?

गर्म प्लास्टिक से केमिकल निकलेला

गर्म होखे पs केमिकल खाना में मिल जाला

केमिकल से हार्मोंस इम्बैलेंस

*सेहत के खातिर फायदेमंद लोहा के बर्तन

खून के कमी दूर होला

लोहे के बर्तन में खट्टा चीज ना बनाईं

टमाटर, कढ़ी, सांभर स्टील में पकाईं

Tags :
Advertisement