टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Ritu Raj Singh: टीवी अभिनेता ऋतुराज सिंह के भइल निधन, 59 साल के उमिर में लेले अंतिम सांस

12:40 PM Feb 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

टीवी अभिनेता ऋतुराज सिंह के निधन हो गइल बा। उऽ 1993 में टीवी पऽ प्रसारित 'होगी अपनी बात', 'ज्योति', 'हिटलर दीदी', 'शपथ', 'वॉरियर हाई', 'आहट और अदालत', 'दीया और बाती' हम जैसे कई गो भारतीय टीवी शो में आपन अलग-अलग भूमिका निमहले रहलें। अभिनेता के अचानक निधन के खबर सुन के फैंस काफी शॉक हो  गइल लो। अभिनेता के मौत हार्ट अटैक से भइल बा।

Advertisement

अनुपमा में आवत रहस नजर

ऋतुराज सिंह ए घरी टीवी के लोकप्रिय शो 'अनुपमा' में नजर आवत रहस। अभिनेता के अचानक निधन के खबर सुन के टीवी इंडस्ट्री में शोक के लहर दउड़ गइल बा। ऋतुराज कई गो आउर लोकप्रिय टीवी शोज में काम कइले बाड़े, जवना में 'ये रिश्ता क्या कहलाता है' शामिल बा। अभिनेता के निजी जीवन के बात कइल जाव तऽ ऋतुराज सिंह के पूरा नाम ऋतुराज सिंह चंद्रावत सिसोदिया रहें। उनकर जन्म कोटा, राजस्थान में एगो सिसोदिया राजपूत परिवार में भइल रहें।

अभिनय खातिर आइल रहलें मुंबई  

ऋतुराज सिंह आपन स्कूली शिक्षा दिल्ली में पूरा कइले रहलें। साल 1993 में मुंबई चल अइले आ अभिनय के बतौर करियर के रूप में चुनले। ऋतुराज अब ले कई गो हिंदी फिल्मन में अभिनय कर चुकल बाड़े, जवना में एक खेल राजनीति, बद्रीनाथ की दुल्हनिया आदि फिल्म शामिल बाड़ी सन। ऋतुराज सिंह  12 वर्षों ले बैरी जॉन के थिएटर एक्शन ग्रुप (TAG) के साथे दिल्ली में थिएटर में काम कइले रहलें आ जी टीवी पऽ प्रसारित लोकप्रिय हिंदी टीवी गेम शो, तोल मोल के बोल में अभिनय कइले बाड़े।

सोशल मीडिया पऽ फैंस दे रहल बाड़े श्रद्धांजलि 

सोशल मीडिया पऽ फैंस के साथे टीवी के दिग्गज हस्ति लो श्रद्धांजलि दे रहल बा। एगो यूजर लिखले बाड़े , 'सुलझल अभिनेता के ऊपर वाला जल्दीए बोला लेले।'दूसरे यूजर ने लिखा, 'भगवान उनका आत्मा के शांति देस।' एगो आउर यूजर लिखले, 'अनुपमा में उनकर अभिनय सराहनीय रहल हऽ। हम उनका बजहें से शो देखत रहनीं। ई कवनो उम्र ना रहें जाए के।'

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnewsactorAnupama serialbollywoodBollywood Actorrituraj singhTh showTV show
Advertisement
Next Article