टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोपालगंज में बाइक सवार 3 बदमाश राजद नेता के चचेरा भाई के गोली मरलें सs, स्थिति गंभीर होखला पs गोरखपुर रेफर

07:38 AM Jun 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोपालगंज के भोरे थाना क्षेत्र के खजुरहा के लगे स्कॉर्पियो के सर्विसिंग करा रहल एगो व्यक्ति के बाइक सवार बदमाशन गोली मार देले सs। एकरा बाद आरोपी आसानी से मवका से फरार हो गइल।

Advertisement

ओहिजा, स्थानीय लोगन के मदद से उनका के तत्काल इलाज खातिर भोरे रेफरल अस्पताल में भरती करावल गइल। बाकिर इस्थिति के नाजुक देखत डॉक्टर प्राथमिक इलाज के बाद गोरखपुर रेफर कs दिहल। फिलहाल, उनकर इस्थिति गंभीर बनल बा। घायल के पहचान भोरे थाना क्षेत्र के नोनिया छापर गांव निवासी अरविंद कुमार सिंह के रूप में कइल गइल बा।

दुगो बदमाश ने मरले सs गोली 

दरअसल, घटना के ममिला में बतावल जात बा कि घायल अरविंद कुमार सिंह खजुरहा गांव के पास इस्थित आजाद गैरेज पs अपना स्कार्पियो के सर्विसिंग करावत रहलें। एही दौरान एगो बाइक पs सवार तीन बदमाश पहुंचल बा लो। एह दौरान बाइक चला रहल बदमाश गाड़िये पs बइठल रहल। जबकि बचे दु बदमाश बाइक से नीचे उतर के नजदीक से उनका पs गोली चला देलें। एकरा बाद ऊ बाइक पs सवार होके फरार हो गइलें सs।

घायल गोरखपुर रेफर

ओहिजा, एह घटना के बाद मवका पs अफरा-तफरी कइल इस्थिति उत्पन्न हो गइल। जबकि आसपास के लोग तत्काल उनका के इलाज खातिर स्थानीय रेफर अस्पताल ले गइल। जहां से डॉक्टर लोग प्राथमिक इलाज के बाद गोरखपुर रेफर कs देले बा। घटना के सूचना पाके मवका पs पहुंचल पुलिस घटनास्थल आ रेफरल अस्पताल पहुंचके ममिला के छानबीन सुरू कs देले बिया।

एगो खोखा आ एगो कारतूस बरामद

घटनास्थल से पुलिस एगो खोखा आ एगो कारतूस बरामद कइले बिया। अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी आनंद मोहन गुप्ता खुद मवका पs पहुंच कs के ममिला के जांच कइलें। एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि एगो मोटरसाइकिल पs सवार तीन अज्ञात व्यक्तियन कावर से अरविन्द कुमार सिंह पs गोली चला दिहल गइल बा। एसे अरविन्द कुमार सिंह घायल हो गइलें।

आपसी रंजिश में मारल गइल गोली

घायल अरविन्द कुमार सिंह के बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर मेडिकल कॉलेज भेजल गइल बा। सीसीटीवी फुटेज के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जा रहल बा। जांच खातिर FSL टीम के बोलावल गइल। आपसी रंजिश के लेके गोली चले के आशंका बा। इस्थिति सामान्य बा।

घायल राजद नेता के भाई

अनुमंडल पुलिस पदाधिकारी हथुआ के नेतृत्व में घटना में सामिल अभियुक्तन के गिरफ्तारी खातिर SIT के गठन कइल गइल बा। बता दीं कि अरविंद कुमार सिंह भोरे के बड़े व्यवसायी रहल स्वर्गीय रामाश्रय सिंह कुशवाहा के रिश्तेदार हवे। संगही राजद नेता सुनीता कुशवाहा के चचेरा भाई हवे। घायल बिदेस में रहके आपन निर्माण कंपनी चलावेले। 25 दिन पहिलही बिदेस से ऊ आइल बाड़ें।

Tags :
Bhojpuri NewsGopalganj newsGopalganj PoliceRefferd to GorakhpurRJD's Leaders Cousin Shot
Advertisement
Next Article