For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

राजद सुप्रीमो के बढ़ सकत बा मुश्किल, लालू के करीबी अमित कात्याल के संपत्ति जब्त

01:59 PM Aug 09, 2024 IST | Sonu Kishor
राजद सुप्रीमो के बढ़ सकत बा मुश्किल  लालू के करीबी अमित कात्याल के संपत्ति जब्त
Advertisement

राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष लालू प्रसाद के कथित ‘करीबी सहयोगी’ अमित कात्याल आ उनका कंपनियन के कुल 113 करोड़ रुपिया के संपत्ति प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) से संलग्न कर दिहल गइल बा। ईडी पिछला साल लालू के रेल मंत्री के कार्यकाल में नौकरी के बदले जमीन हस्तांतरण के मामला के जांच करत अमित कात्याल के गिरफ्तार कइले रहे। अमित कात्याल के खिलाफ इ अटैचमेंट एक्शन फ्लैट खरीदे वाला के पईसा के दुरुपयोग के लेके दिल्ली-गुरुग्राम में दर्ज मामला के सिलसिला में लिहल गइल बा, जवन कि लैंड फॉर जॉब घोटाला से अलग मामला बा।

Advertisement

मनी लांड्रिंग रोकथाम अधिनियम के तहत जब्त

प्रवर्तन निदेशालय बियफे के कहलस कि, गुरुग्राम, हरियाणा में 70 एकड़ जमीन आ फ्लैट, मुंबई के कुछ मकान, दिल्ली के एगो फार्महाउस आ करीब 113 करोड़ रुपया के जमा प्रमाणपत्र के मनी लांड्रिंग विरोधी कानून के तहत संलग्न कर दिहल बा। ईडी के कहनाम बा कि अमित कात्याल, कृष्ण रियलटेक प्राइवेट लिमिटेड आ ब्रह्मा सिटी प्राइवेट लिमिटेड के मामिला में 113.03 करोड़ रुपिया के संपत्ति संलग्न करे के आदेश 6 अगस्त के मनी लांड्रिंग रोकथाम अधिनियम (पीएमएलए) के तहत जारी भइल बा।

कई गो संपत्ति बेनामी डायरेक्टर के नांव पऽ बा

संलग्न संपत्ति में गुरुग्राम के सेक्टर 63 आ 65 में 70 एकड़ जमीन, कृष्ण प्रांत एस्टेट नाम के रियल एस्टेट परियोजना के पांच फ्लैट आ गुरुग्राम के कृष्ण फ्लोरेंस एस्टेट में सात फ्लैट शामिल बा, जवन कि बेनामी निदेशक के नाम पs बा। मुंबई में एगो बेनामी कंपनी के दुगो फ्लैटो संलग्न हो गइल बा। एकरा अलावा जोनापुर के एगो आलीशान फार्महाउस आ दिल्ली में एगो कमर्शियल प्रॉपर्टी, एसोसिएट के 27 करोड़ रुपया के फिक्स डिपॉजिट रसीदो संलग्न संपत्ति में शामिल बा। मनी लांड्रिंग के इ मामला गुरुग्राम पुलिस आ दिल्ली पुलिस के आर्थिक अपराध प्रकोष्ठ के ओर से दर्ज प्राथमिकी से सोझा आइल बा।

मार्च में छापामारी भइल रहे

ईडी एह साल मार्च में एह मामिला में छापामारी कइले रहे आ दावा कइले रहे कि ओकरा दू सौ करोड़ रुपिया के विदेशी निवेश से जुड़ल दस्तावेज बरामद हो गइल बा। बता दी कि रेलवे के कथित जमीन-जॉब घोटाला से जुड़ल एगो अलगे मनी लांड्रिंग मामला में पिछला साल केंद्रीय एजेंसी कात्याल के गिरफ्तार कइले रहे, जवना में लालू प्रसाद, उनकर पत्नी राबड़ी देवी, बेटा आ पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव रहले, सांसद बेटी मीसा भारती आदि के नांवो शामिल कइल गइल बा।

Tags :
Advertisement