For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

टीम इंडिया राजकोट में रचलस इतिहास, टेस्ट क्रिकेट में दर्ज के सबसे बड़ जीत, इंग्लैंड के चउथा दिन पटकलस

09:28 PM Feb 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
टीम इंडिया राजकोट में रचलस इतिहास  टेस्ट क्रिकेट में दर्ज के सबसे बड़ जीत  इंग्लैंड के चउथा दिन पटकलस
Advertisement

Advertisement

यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल आ सरफराज खान के तेजस्वीता के बाद भारत अपना गेंदबाजन के बल पs तिसरका टेस्ट मैच में इंग्लैंड के 434 रन से हरा दिहलस। टेस्ट क्रिकेट में रन के मामिला में टीम इंडिया के इs सबसे बड़ जीत बा। भारत के बनावल 557 रन के लक्ष्य के पीछा करे आइल इंग्लैंड टीम 122 रन बना के ढेर हो गइल। राजकोट के निरंजन शाह स्टेडियम में खेलल गइल एह सीरीज के तिसरका टेस्ट मैच के दुसरका पारी में यशस्वी जायसवाल रिकार्ड तोड़ दोहरा शतक बनवली जबकि शुभमन गिल शतक 9 रन से चूक गइलन। सरफराज खान भी शानदार पारी खेलले। रविन्द्र जडेजा दूसरी पारी में 5 विकेट लेले। एहसे पहिले टीम इंडिया के सबले बड़का जीत 372 रन रहल जवन ऊ 2021 में वानखेड़े में न्यूजीलैंड के खिलाफ हासिल कइले रहुवे। एह जीत से भारत 5 मैच के सीरीज में 2-1 से बढ़त बना लिहले बा।

युवा ओपनर यशस्वी जायसवाल दुसरका पारी में 236 गेंद पs 14 चौका आ 12 छक्का के मदद से नाबाद 214 रन बनवले जबकि शुभमन गिल 151 गेंद पs 91 रन बना के आउट हो गइलन। सरफराज खान 72 गेंद पs नाबाद 68 रन बनवले। पहिला पारी में 445 रन बनावे वाली टीम इंडिया 4 विकेट पs 430 रन बना के आपन दुसरका पारी घोषित कs दिहलस। पहिला पारी में इंग्लैंड 319 रन बनवले बा। पहिला पारी में 126 रन के बढ़त राखे वाली भारतीय टीम मेहमान इंग्लैंड के 557 रन के लक्ष्य बनवले रहुवे।

ओली पोप 3 रन बनवले जबकि जो रूट 7 रन बना के आउट हो गइले। जॉनी बेयरस्टो के खराब फॉर्म दुसरका पारी में भी जारी रहल। बैयरस्टो रविंद्र जडेजा के ओर से 4 के निजी स्कोर से एलबीडब्ल्यू से आउट हो गईले। कप्तान बेन स्टोक्स 15 रन के योगदान दिहले. कुलदीप यादव रेहन अहमद के खाता तक ना खोलले। टॉम हार्टली 16 रन पर नाबाद वापसी कइलन आ जेम्स एंडरसन 1 रन पर नाबाद वापसी कइलन. मार्क वुड 33 रन बना के आउट हो गइलन. जडेजा 5 विकेट जबकि कुलदीप 2 जबकि बुमराह अवुरी अश्विन एक-एक विकेट लेले।

Tags :
Advertisement